एगो जंगो हवे पायल, कहलें नंदकिशोर महतो

Nand Kishor Mahto दर्शकन के नब्ज पकड़े वाला निर्देशकन में शामिल हउवें नन्दकिशोर महतो. मुजफ्फरपुर के करजा महमूदपुर के रहे वाला नन्द किशोर महतो पिछला साल पवन सिंह, रानी चतर्जी आ सपना थापा के मुख्य भूमिका वाली फिल्म तोहरे कारण गइल भईंसिया पानी में निर्देशित कइले रहलन. फिल्म सुपर डुपर हिट भइल रहे. लोग के कहनाम रहे कि फिल्म के सफलता के श्रेय कलाकारन का साथ साथ निर्माता जीतेन्द्र प्रताप सिंह के सूझबूझ आ निर्देशक नन्द किशोर महतो के सटीक निर्देशनो के जात बा. अब निर्देशक नन्द किशोर महतो आ निर्माता जेपी सिंह के जोड़ी फेर ले आ रहल बा भोजपुरी फिल्म पायल. जाहिर बा कि नन्दकिशोर महतो उत्साह से लबरेज बाड़न. उनका से भइल बातचीत एहिजा पेश कइल जा रहल बा...

कहल जात बा कि पायल भोजपुरी के पहिलका हॉरर फिल्म ह. कतना डेराइल बानी ?

हम डेराइल नइखीं, उत्साहित बानी. आ उत्साह बढ़ावे में हमरा साथे बाड़न निर्माता जे पी सिंह. उनके देन बा जे हमनी के पूरा टीम पायल के एह साल के सबसे बड़ हिट फिल्म का रुप में रिलीज होखे के इन्तजार करत बा.

कहे क मतलब कि पायल एह साल के बड़हन धमाका होखी ?

बिल्कुल. बड़हन कैनवास आ बड़हन धमाका दूनो बा एह फिल्म में.

ई कइसे कह सकीलें अपने ? आखिर का बा पायल में ?

पायल में बहुत कुछ बा जे भोजपुरी का दोसरा फिलिमन में ना रहे. एहमें हॉरर त बड़ले बा, साथही बावे मनोरजन के भरपूर मसाला. फिल्म नारी प्रधान बा, दहेज का खिलाफ एगो जंगो बावे पायल. एहमें जातिवाद के सवालो उठावल गइल बा.

राउर कहनाम बा कि पायल में हॉरर बा. लोग देख के डेराई. बाकिर का रउरा नइखे लागत कि भोजपुरी फिल्म में बदलाव एगो खतरो बन सकेला ?

कवनो खतरा नइखे एह बदलाव से. साँच कहीं त भोजपुरी में नया बदलाव के जरुरत रहुवे एहीसे हम पायल में एगो नया प्रयोग कइले बानी.

फिल्म के निर्माता जे पी सिंह का बारे में का कहब ?

जीतेन्द्र प्रताप सिंह बहुते सुलझल निर्माता हउवें आ उनका साथे काम के मतलब होला निर्देशक का रुप में पूरा आजादी. ऊ हमरा पर भरोसा कइलें एकरा खातिर हम उनका के धन्यवादो देत बानी.

पायल के संगीत कइसन बनल बा ?

एकदम टटका आ अलगा मूड के गाना बाड़ी सँ पायल में. देखेवालन के बहुते पसन्द आई आ सुनेवालन का जुबान पर चढ़ जाई एकर गाना.

फिल्म के कलाकारन का बारे में राउर कहनाम का बा ?

रानी चटर्जी पिछला साले मुन्नी बाई नौटंकीवाली से टॉप पर आ गइल रही. पायल से उनकर कैरियर ग्राफ अउरी उपर उठी. बहुते मेहनत कइले बाड़ी रानी एह फिल्म में. पायल खातिर रानी बहुते सहयोगी आ मददगार साबित भइली. साथही विक्रांत सिंह आ जय सिंह के लिहल पायल खातिर बहुते फायदेमंद रहल.

अपना आवे वाला फिल्मन का बारे में कुछ बताईं ?

हमरा आवे वाली फिल्मन में सुपर स्टार पवन सिहं आ पाखी हेगडे का साथ जान हाजिर बा जल्दिये सेत पर जाये वाली बा. साथ ही दू गो अउरी भोजपुरी फिलिम बाड़ी सँ. हिन्दीओ में हमार तीन गो फिल्म जल्दिये सेट पर जाये वाली बाड़ी सँ, जवना में थोड़ी यारी थोड़ी मस्ती, आ रेखा दि आन द लिमिट खास बा. दिल मिले ना मिले त जल्दिये रिलीज होखेवाली बा.


स्रोत : शशिकान्त सिंह, रंजन सिन्हा