आदिशक्ति इन्टरटेनमेंट के मर्द न॰१ मनोज तिवारी

Manoj Tiwari आदिशक्ति इन्टरटेनमेंट पहिला बेर मनोज तिवारी मृदुल के अपना अगिला फिल्म मर्द न॰ १ में पेश करे जा रहल बा. राहुल मूवी मेकर्स का बैनर में बने जा रहल एह फिल्म में मनोज तिवारी आ सायरा बानो के खास भूमिका बा. अबतक दिनेश लाल यादव के एक दर्जन फिल्मन के साथ जुड़ल रहे वाला आदिशक्ति के एह फिल्म के दक्खिन के मशहूर निर्माता बी ओबुलसुब्बारेड्डी बना रहल बाड़े. फिल्म के निर्देशक हउवें रमन्ना मोगीले.

हैदराबाद में एह फिलिम के शूटिंग हो रहल बा आ एकरा में मनोज तिवारी एगो कमाल के डांस पेश कइले बाड़ें जवना से डांस डायरेक्टर तक झूम उठले. साउथ के सुपर स्टार नागार्जुन, चिरंजीवि, आ महेश बाबू के नचावे वाला डांस डायरेक्टर कालिया एहमें मनोज तिवारी से कमाल के डांस करवले बाड़े. मनोज तिवारी के स्टेप देख के कालिया कह उठलन, सर जी आप कमाल हो! बहुत दिन बाद किसी को इतना हार्ड डांस करते देखा है.

मर्द न॰ १ भोजपुरी आ तेलुगु में एक साथे बनावल जा रहल बा. फिल्म में कामेडी किंग मनोज टाइगरो के खास भूमिका बा.


स्रोत : प्रशान्त निशान्त, शशिकान्त सिंह, आ रंजन सिन्हा