रिकार्ड तूड़े के तइयार गठबन्धन प्यार के

music release of Gathbanhan Pyaar Ke २४ मार्च के एगो रिकार्ड टूटी जब गठबन्धन प्यार के रिलीज होखी. एह फिल्म में चार चार गो गायक बाड़े. निर्माता मोनिका सिन्हा आ निर्देशक विष्णु शंकर वेलू के एह फिल्म में भोजपुरी सुपर स्टार पवन सिंह, छोटू छलिया, अंजलि आ अरविन्द अकेला कल्लू एक साथे अभिनय करत नजर अइहें. पिछला दिने फिल्म के संगीत पटना के श्रीकृष्ण मेमोरियल हाल में खचाखच भरल भीड़ का सोझा रिलीज कइल गइल. फिल्म में रिंकू घोष के जलवो देखे के मिली.

अक्षत फिल्म्स इंटरनेशनल आ अपूर्वा फिल्म्स कंबाइन के एह फिल्म के प्रस्तुत कर रहल बाड़े संजय सिन्हा. बिहार का ५१ गो सिनेमाघर में एकरा के एक साथ रिलीज कइल जा रहल बा.


स्रोत : शशिकान्त सिंह, रंजन सिन्हा