जब मनोज तिवारी बैंक लूटलन

Manoj Tiwari as bank robber बैंक डकैती फिल्मावे खातिर अमूमन बैंक के नकली सेट लगावल जाले बाकिर ऋषि फिल्म्स इन्टरनेशनल का बैनर में बनत फिल्म भईया हमार दयावान के बैंक लूट के सीन फिल्मावे खातिर प्रतापगढ़ के स्टेट बैंक आफ इण्डिया के असली शाखा पर शूटिंग करावल गइल. उपर से शूटिंग होखे के जानकारी कमे लोग के रहे. एहसे जसहीं मनोज तिवारी आ उनका टीम के गाड़ी बैंक का गेट पर चहुँपल त हथियारन से लैस डकैतन के देख बगदड़ मच गइल. आनन फानन में पुलिस के फोन कर दिहल गइल आ बैंक के शटर बन्द कर दिहल गइल.

मनोज तिवारी बतवलें कि पुलिस बाद में मैनेजर के बोलवलसि आ डकैती के शूटिंग का बारे में पुछ ताछ कइलस. निर्माता अशोक गुप्ता, आ निर्देशक असलम शेख एह घटनाक्रम से दंग रह गइलें. फिल्म के सह निर्माता हरीश गुप्ता हउवें. फिल्म में मनोज तिवारी का साथे पाखी हेगडे नायिका बनल बाड़ी. साथ में बाकी कलाकारन में रिंकू घोष, मनोज टाइगर, शुभम तिवारी, आ मोनालिसा खास बा लोग. फिल्म के सबसे कास बात ई बा कि लगातार छह गो सुपर हिट फिल्म देबे वाली मनोज तिवारी आ निर्देशक असलम शेख के जोड़ी लमहर अरसा बाद फेर एक साथे आइल बा लोग. शूटिंग अबहीं प्रतापगढ़ में चल रहल बा.


स्रोत : प्रशान्त निशान्त