हम बाहुबली में रानी चटर्जी के ठुमका
२ अक्टूबर के रिलीज होखे जा रहल बा हम बाहुबली
भोजपुरी सिनेमा के स्टार अभिनेत्री रानी चटर्जी के पहिलका आईटम डांस ठुमका कार्पोरेट जगत के पहिलका भोजपुरी फिलिम हम बाहुबली में देखे मिली. रानी चटर्जी एह फिलिम में लगाई दिया दईया, लगाई दिया रे .... कोरे कागज पर ठप्पा लगाई दिया रे गाना गावत जबरदस्त ठुमका लगवले बाड़ी. एही गाना में रविओ किशन डाँड़ मचकावत लउकिहन. ई गाबा देख के देखनिहार के ॐकारा के बिपाशा बसु के ईयाद आ जाई.
एह गाना का बारे में बतावत रानी चटर्जी कहली कि फिलिम में ई गाना मंटू गोप का चुनाव जीतला का खुशी में हो रहल पार्टी में फिल्मावल गईल बा जवना में लगभग बीस हजार दर्शक मौजूद रहलन. ई गाना देख के जनता देखी कि बाहुबली आपन खुशी कईसे मनावेले.