भोजपुरी गायक गोपाल राय
भोजपुरी सिनेमा में मनोज तिवारी के सफलता का बाद हर भोजपुरी गायक देर सबेर फिल्म में अभिनय करे आइये जाले. अब एगो आउरी मशहूर भोजपुरी गायक गोपाल राय अपना अभिनय कैरियर के शुरुआत शैल क्रियेशन्स आ जीटीएफपीएल का बैनर तले बन रहल फिलिम मेरा पिया घर आया ओ राम जी से करे जा रहल बाड़े. एह फिलिम में गोपाल राय के दमदार किरदार मिलल बा.
फिलिम में उनका साथे रवि उज्जैन, हिमाक्षी, कोमल ढिल्लन, भरत शर्मा, बालेश्वर, जया सिंह, विजय शुक्ला, ऋतिका डे, आ राजेश मिश्रा बाड़े.
फिलिम के गीत राजेश मिश्रा, अशोक सिनंहा आ आनन्द गहमरी के लोखल बाड़ी स. संगीतकार शशिकान्त शर्मा, निर्देशिका हिमाक्षी, आ निर्माता रवि उज्जैन आ धीरज केटकर हउवन जा. कथा असोक कुमार दीप के हऽ.
मेरा पिया घर आया एही महीना रिलीज होखे वाली बा.