उभरत अभिनेता अनिल शुक्ल

स्रोत :- धर्मेन्द्र कुमार पाण्डेय, गोरखपुर. फोन 9415266059

Anil Shukl, a new faceof Bhojpuri Cinema

हालही में रिलीज भईल रंग दे बसन्ती चोला में एगो छोट मगर प्रभाव शाली भूमिका कर के गोरखपुर के उभरत अभिनेता अनिल शुक्ल आपन छाप छोड़ दिहले बाड़े. अब उनुका दोसरो भोजपुरी फिलिमन के प्रस्ताव मिले लागल बा.

मशहूर निर्माता सुधाकर पाण्डेय के चउथकी भोजपुरी फिलिम रंग दे बसन्ती चोला में दिनेशलाल यादव निरहुआ, पंकज केसरी आ मनोज मिहिर जईसन अभिनेता का साथे काम करे के मौका अनिल शुक्ल के मिलल त ऊ ओह छोट भूमिका में अपना सशक्त अभिनय से जान डाल दिहलन आ दर्शक उनकर किरदार के ईयाद कर लिहलन.

गोरखपुर के बंसडीला गांव के रहवईया अनिल शुक्ल बचपने से अभिनय के शौकीन रहलन. गोरखपुर से सिविल इंजिनियरिंग में डिप्लोमा लिहला का बाद ऊ अभिनय के बारीकि सीखे दिल्ली चल गईलन आ श्रीराम सेन्टर से एक साल के अभिनय के प्रशिक्षण ले लिहलन. ओकरा बाद करीब अक दर्जन हिन्दी नाटकन आ धारावाहिकन में काम कईल का बाद सौभाग्य से उनुका रंग दे बसन्ती चोला में काम करे के मौका मिल गईल. फिलिम में निरहुआ के बहनोई का किरदार में अनिल शुक्ल आपन छाप छोड़ दिहले बाड़े. उनुकर किरदार एगो प्रगतिशीळ नौजवान के बा जे परिवार का विरोध का बादो एगो निर्दोष युवती के जीवन बचावे खातिर ओकरा से शादी करत बाड़े. जबकि ओकर भाई एगो अपराधी बन गईल बा आ भाई का गलती के सजाय समाज ओकरा बहिन के दिहल चाहत बा.

अनिल शु्क्ला के अपना किरदार का बारे में कहनाम बा कि भूमिका के छोट बड़ होखल ओतना महत्वपूर्ण ना होला जतना ओह भूमिका के मजगर ढंग से निबाह दिहल.

आशा कईल जा सकेला कि अनिल शुक्ल अपना आवे वाली फिलिमन में आऊरी मजगर अभिनय कर के भोजपुरी सिनेमा जगत में आपन जगहा बना लिहन.


Now it is your turn for Feedback

Name:

Email address:

Feedback :

Referred By :


Powered by thesitewizard.com