अब बारी बा अभिनेत्री व गायिका प्रतिभा सिंह के

स्रोत :- सुरेन्द्र प्रसाद

Pratibha Singh : Bhojpuri Singer and actress

पिछला कुछ साल में भोजपुरी गायिकी में एगो महत्त्वपूर्ण नाम जुड़ल बा प्रतिभा सिंह के. अश्लीलता भा स्तरहीनता के बरक्स एगो गंभीर सरोकार वाला गायकी का परम्परा में प्रतिभा सिंह के नाम आदर के साथ लिहल जा रहल बा. शारदा सिन्हा जी जवना स्तर के कायम रखनी ओही परम्परा के निर्वाह क कोशिश प्रतिभा जी में देखल जा सकेला. ई बात इहां गौरतलब बा जे एचएमवी कम्पनी से जहां शारदा सिन्हा जी के आरम्भिक तौर पर बड़ा ब्रेक मिलल रहे ओही से जुड़ल एचएमवी सारेगामा से प्रतिभो सिंह के भी मौका मिलल. प्रतिभा के कैसेट 'छैला रंगदार चाहीं' कुछ बरिस पहिले एचएमवी सारेगामा से आइल रहे. अब उनका चालीस गो गाना के एमपी3 सीडी 'पिरितिया के कांटा' आवे जा रहल बा.

प्रतिभा उत्तर प्रदेश के बलिया जिला के रोहुआं तिवारी गांव के रहे वाली हई. फिलहाल कुछ बरिस से ऊ कोलकाता के आपन स्थायी निवास बना लिहले बाड़ी. उनका बचपने से संगीत से प्रेम रहे आ आगा चल के ऊ संगीत समिति, इलाहाबाद से छह साल के पाठ्यक्रम वाला संगीत प्रभाकर के उपाधि प्राप्त कइली. पढ़हूं में प्रतिभा सिंह तेज रहली आ इन्टर परीक्षा में 73 प्रतिशत अंक मिलल रहे.

Pratibha Singh : Bhojpuri Singer and actress

पिछला कुछ साल से प्रतिभा सिंह देश भर में भोजपुरी गाना के स्टेज शो कर रहल बाड़ी. एक दर्जन से अधिक कैसेट व सीडी उनकर आइल बा प्राइम म्यूजिक, न्यू विक्टोरिया अवरू एचएमवी सारेगामा कम्पनी से. एहर ऊ अभिनयो के दुनिया में कदम रख दिहले बाड़ी. 'भाई होखे त भरत नियन ' फिल्म से उनुका पहिला ब्रेक मिलल बा. निर्माणाधीन फिल्म 'कलकतिया भऊजी ' में उनकर प्रमुख भूमिका होई. एकरा अलावा चार-पांच गो फिल्म क काम अलग-अलग निर्माण के स्तर पर बा. प्रतिभा के आठ गाना के एगो वीडियो सीडी 'मेहरारू ना पइब ' के भी तैयारी चल रहल बा. दूरदर्शन, अहिन्सा उवरू ताजा टीवी पर उनकर गाना के प्रोग्राम आवेला. प्रतिभा के इन्तज़ार बा एगो बड़ियां ब्रेक के. आशा बा जल्दिये मिली काहे कि जे लगन से कवनो काम का पाछा लागेला ऊ काम पूरा होके रहेला.


Now it is your turn for Feedback

Name:

Email address:

Feedback :

Referred By :


Powered by thesitewizard.com