जब लहू पुकारेला में गुजराती सुपर स्टार हितेन

स्रोत : प्रशान्त-निशान्त, पटना.

Gujrati Super Star Hiten Kumar in Bhojpuri Film

गुजराती फिलिमन के सुपर स्टार हितेन कुमार अब भोजपुरिओ में अपना मजगर अभिनय आ बेहतरीन एक्शन के जलवा देखइहन. हितेन कुमार गुजराती सिनेमा के सुपर स्टार हउवन आ भोजपुरी फिलिम जब लहू पुकारेला में पहिलका हालि भोजपुरी दर्शकन का सोझा अइहन. ई फिलिम जल्दिये रिलीज होखे वाली बा.

जब लहू पुकारेला के निर्देशक सुनील प्रसाद बाड़े जे एकरा पहिले दूल्हा मिलल दिलदार, माटी आ माई रे कर दे विदाई हमार जइसन लोकप्रिय फिलिम निर्देशित कर चुकल बाड़न.

एक्शन आ इमोशन के बेजोड़ संगम वाली एह पारिवारिक फिलिम में हितेन कुमार का अलावे कुणाल सिंह, गौरव घई, रानी चटर्जी, प्रवीण सिंह सिसोदिया, रेशमी भट्टाचार्य, गोपाल राय, रोशन खाँ, फिरोज ईरानी, आईटम गर्ल संभावना सेठ आ श्याम गंगानी बा लोग.

एनके गंगानी के प्रस्तुति आ ओमश्रीविजन आ ली लोइजर रिसार्त के निर्माण जब लहू पुकारेला के गीत विनय बिहारी के आ संगीत राजेश गुप्ता के बा. छायाकार वी शौकत, आ निर्माण प्रबंधन कमल यादव के बा.

जम्मू काश्मीर के चर्चित अभिनेत्री अनारा गुप्ता

स्रोत : प्रशान्त-निशान्त, पटना.

Anara Gupta and Pankaj Kesari in Vidhaata

जम्मू काश्मीर के चर्चित अभिनेत्री अनारा गुप्ता हिन्दी फिलिमन में काम करे का साथ अब भोजपुरीओ सिनेमा में इन्ट्री मार चुकल बाड़ी. अपना समय के सबले बड़ बजट वाली भोजपुरी फिलिम विधाता में अनारा गुप्ता आ पंकज केसरी के जोड़ी बनावल गइल बा. विधाता में पहिलका हालि रविकिशन आ दिनेश लाल निरहुआ एक साथ लउकिहन.

निर्मात्री प्रतिभा सिंह के बैनर पी के क्रियेशन्स के एह फिल्म के प्रस्तुति श्रीधर शेट्टी कइले बाड़े. निर्देशन हैरी फर्नांडिज के बा त संगीत निर्देशन लाल सिन्हा के बा. गीत विनय बिहारी, प्यारेलाल, श्याम देहाती आ सचच्चिदानन्द के लिखल बाड़ी स.

अनारा गुप्ता कहली कि भोजपुरी फिलिम में काम करि के उनका बड़ा आनन्द मिलल. जमीन से जुड़ल भोजपुरी में ताजगी आ सोन्हापन दुनू मिलेला. अतना मीठगर बोली जवना में तिक्खर बातो कहल जा सके शायदे दोसर कवनो होखी.

ये है जलवा में रविकिशन बनलन निर्णायक

स्रोत : प्रशान्त-निशान्त, पटना.

Bhojpuri Super Star Ravi Kissen

भोजपुरी फिलिम के सुपर स्टार रविकिशन के कई गो रुप बा आ हर रुप ओतने लोकप्रिय. ओहि रुपन में से एक रुप उनकर टीवी का सीरियलन में लउकेला. बिग बास में उनकर लोहा हर कोई मनले रहुवे. अब एगो दोसर सीरियल ये है जलवा में रविकिशन के निर्णायक के जिम्मेदारी दिहल गइल बा.

एक एपिसोड में ऊ गेस्ट एंकरो रहलन. नियमित एंकर साक्षी तंवर स्टार बहू आ समृति इरानी तुलसी बाड़ी.

ये है जलवा में आईटमो गर्ल लोग के जलवा देखे कि मिली. राखी सावंत, श्वेता तिवारी, रोनित राय जइसन ढेरे कलाकार अपना कला के जलवा देखइहन इ फैसला करे में रहीहन रविकिशन.

रविकिशन अपना एह नया रोल से बहुत खुश बाड़े. कहले कि संगीत नृत्य के शौक उनुका शुरुए से बा जवन एह सीरियल में आनन्द दे रहल बा.