जी टीवी पर रविकिशन नया अंदाज में

स्रोत : प्रशान्त-निशान्त, पटना.

Ravi Kishan in a new look

बॉलीवुड किंग शाहरुख खान, सुपरस्टार सलमान खान आ ऋत्विक रौशन का बाद अब भोजपुरी सिनेमा के सुपर स्टार रवि औ किशन एगो नया रियलिटी शो ले के दर्शक का सोझा आ रहल बाड़न.

६ जून से शुरु जी टीवी पर डासिंग सिंगिग शो एक से बढ़कर एक में रवि किशन बतौर एक्र आ रहल बाड़न. ई शो हर हफ्ता में दू दिन शुक आ शनिचर के देखावल जाई, एह शो में रवि किशन त नया लुक में लउकबे करीहन, जज का तौर पर गायक अभिजीत आ डांस डायरेक्टर अहमद खान शामिल रही लोग.

नाच गाना पर आधारित एह रियलिटी शो में टीवी के स्टार कलाकार, सारेगामापा आ इण्डियन आयडल फेम के गायक आ बालीवुड के ढेरे हस्ती प्रतिभागी का रुप में शामिल होखिहन.

सुने में आ रहल बा कि रविकिशन हर शो खातिर पचीस लाख रुपिया के फीस ले रहल बाड़न. एही दिन सोनी पर सलमान खान के साथ दस का दम आ एनडीटीवी पर जुनून कुछ कर दिखाने का सुरु हो रहल बा. से तीनो में टीआरपी के प्रतियोगिता जम के होखी. देखल जाव के जीतत बा!

रवि किशन अब टीवी ओ पर आवे के फैसला कर लिहले बाड़न. कहलें हऽ कि छोटका पर्दा के नजर अन्दाज ना कइल जा सके आ अपना प्रशंसक के मन आ मान राखे खातिर ऊ एहू मैदान में ताल ठोकिहन आ आपन जलवा देखा के रहिहन.

बेस्ट आफ लक, रवि !

Photo Source : Uday Bhagat, Mumbai

पांच आइटम डांसर एक संगे

स्रोत : प्रशान्त-निशान्त, पटना.

Five Item Dancers in a film.

भोजपुरी फिलिम कवनो मामिला में हिन्दी फिल्मोद्योग से पाछा नइखे रहे के चाहत. अब भोजपुरी फिल्म मुन्ना बजरंगी में पांच गो आइटम डांसर के जलवा एके जगहा देखे के मिली.

निरहुआ रिक्शावाला जइसन सफल फिलिम के निर्देशक के डी का निर्देशन में बनल एह फिलिम में आईटम क्वीन सम्भावना सेठ. तसनीम, शैलू, पूनम नजर अइहन. पांचो पर पांच गो अलग अलग आइटम संग देखे के मिली.

एह फिलिम के वितरक डा॰सुनील कुमार कहलन कि जून महीना में एह फिलिम के रिलीज कर दिहल जाई.

उद्योग के पूरा भरोसा बा कि नाच गीत से भरल एह फिलिम में दर्शकन के पूरा मनोरंजन होखी.

तीन करोड़ के मुन्ना बजरंगी

स्रोत : प्रशान्त-निशान्त, पटना.

A scene from Munna Bajarangi

एक जमाना रहुवे कि हजार लाख के छोट पूंजी में भोजपुरी के सिनेमा बन जात रहुवे. बाकिर अब जब भोजपुरी सिनेमा सफलता के सीढ़ि चढ़ल जा रहल बा त एक से एक महंग फिलिम बनावे के होड़ लाग गइल बाटे.

सुने में आ रहल बा कि मुन्ना बजरंगी के बजट तीन करोड़ के सीमा पार कर गइल बा. जूने में रिलीज होखे जा रहल एह फिलिम के निर्मात्री रीना एन पासी हई आ निर्देशक केडी. ईहे दुनू जाना निरहुआ रिक्शावाला में रहुवे लोग. मुन्ना बजरंगी कई मामिला में भोजपुरी फिलिमन में मील के पहिलका पत्थर साबित होखी. केबल फाइट, डिजीटल इफेक्ट, आ फोटो ग्राफी के नया तकनीकन के इस्तेमाल एह फिलिम में भरपूर कईल गइल बा.

मुन्ना बजरंगी फिलिम के विषय वस्तु छात्र राजनीति आ माफिया आतंक पर आधारित बा. एह फिलिम के मुख्य पात्रन में सुशील सिंह विक्रान्त सिंह, पूनम सागर, विजय लाल यादव, प्रकाश जैस, अली खान , चित्तरंजन गिरी, किरण यादव, जफर खान, भानू अग्रवाल, इरशअद खान आ मास्टर गोलू का साथे अनिला यादव के नाम लिहल जा सकेला. लेखक संतोष मिश्रा, गीतकार विनय बिहारी, संगीतकार राजेश गुप्ता, कार्यकारी निर्माता सुशील सिंह हउवन जा.

फिलिम के प्रचार क प्रशान्त निशान्त के कहनाम बा कि एह फिलिम में दर्शक बालीवुड के टक्कर के भोजपुरी फिलिम देखिहन जा.

5 June 2008

धरमवीर के म्यूजिक रिलीज आ दू गो फिलिमन के मुहुर्त

स्रोत : उदय भगत, मुम्बई.

Music Release of Dharam Veer.

३० मई का दिन मुम्बई में जीतेश दूबे के प्रस्तुति आ असलम शेख का निर्देशन में बनल भोजपुरी फिलिम धरमवीर के म्यूजिक रिलिज के समारोह जुहू होटल में मनावल गइल जहाँ सांसद रमेश दूभे का हाथ से कैसेट के विमोचन कइल गइल.

एह मौका पर विधायक सुरेश शेट्टी, कार्पोरेटर रुपाली ताई, अभय सिंनहा, मशहूर निर्देशक मोहनजी प्रसाद, आलोक कुमार, बुबी सिंह, अमर उपाध्याय, साधिका रन्धावा, बृजेश त्रिपाठी, सपना, आ रजा मुराद का साथे भोजपुरी के स्टार अभिनेता रवि किशन आ फिलिम के संगीत निर्देशक धनंजय मिश्रा का साथे धरमवीर के पूरा टीम मौजूद रहल..

एह अवसर पर दू गो नया भोजपुरी फिलिमन के मुहुर्तो कइल गइल. श्रीकृष्णा क्रिषशन्स का बैनर तले बने वाली तू ही मोरे बलमा आ किशन मुरारी नाम के दूनो फिलिमन के मुहुर्त शाट के क्लैप सासद रोमेश दूबे दिहलन.