प्रतिभा पाण्डे पताका फहरवली

स्रोत : शशिकान्त सिंह, मुंबई. फोन: 9322411335, 9833295806

Pratibha Pandey Bhojpuri Actress and Singer

भोजपुरी सिनेमा का इतिहास में पहिलका हालि अइसनका भईल कि कवनो नायिका अपना अभिनय के डंका बजवला का बाद गायकी का क्षेत्र में डेग धइले होखस. बाकिर ई काम कर देखवली खालिस भोजपुरिया नायिका प्रतिभा पाण्डे.

पिछलका दिने प्रतिभा पाण्डे फहराई माई के पतकवा नाम के म्यूजिक अलबम में अभिनय त कइबे कईली, गनवो गवली. एह अलबम के शूटिंग खातिर बसरा स्टूडियो में बहुते बड़ सेट लगावल गईल रहुवे. श्री इंटरटेंमेंट का बैनर तले बने वाला एह अलबम के गीत रत्नेश सिम्पल आ मुकेश अस्थाना के लिखल बा आ संगीत से सजवले बाड़न दिलीप पाण्डेय गुड्डू. वीडियो डायरेक्शन दिलीप मिस्त्री के बा.

यूपी के बलिया के रहे वाली प्रतिभा पाण्डेय के फिलिम सजना सजाई द मांग आजु काल्हु बिहार का थियेटरन में धूम मचा रहल बिया. फिल्म के नायक बाड़े भोजपुरी सुपर स्टार रवि किशन आ नायिका बाड़ी पाखी हेगडे. फिल्म के निर्माता आ निर्देशक श्रीधर शेट्टी के कहनाम बा कि ऊ लीक से हट के काम करे वाला मनई हउवन आ उनकर इहे बात उनुका के सफलता दिलवावेले. प्रतिभा पाण्डे भोजपुरी बेल्ट के अकेली नायिका हई जे भोजपुरी सिनेमा में काम कर रहल बाड़ी. प्रतिभा पाण्डे विधाता आ दोसरा कई गो फिलिम में काम कर चुकल बाड़ी आ उनुकर नया फिलिम जय हो दुल्हे राजा जल्दिये परदा पर आवे वाली बा जवना में उनुकर नायक बनल बाड़े विनय आनन्द. प्रतिभा के पूरा भरोसा बा कि दर्शक उनुका गायकीओ के पसन्द करीहन. प्रतिभा पाण्डे के एगो आउरी म्यूजिक अलबम जल्दिये आवे वाली बा जवन कि पूरा धार्मिक रही.

Also read