नया अलबम निरहुआ के रंग हीरोइनन के संग

स्रोत : अशोक भाटिया, टोटल मीडिया पिपुल, मुंबई. फोन 09221232130, 09769509966.

New Holi Album of Nirahua Brothers

भोजपुरी लोक संगीत में सम्राट आ अभिनय में सिल्वर जुबिली स्टार के दर्जा पवले दिनेशलाल निरहुआ के अब ले सैकड़न कैसेट बजारी में आ चुकल बाड़ी सन बाकिर अबकी के नयका अलबम निरहुआ के रंग हीरोइनन के संग अइसनका कैसेट का रूप में आईल बा जवनहोली का रस आ रंग में पूरा सराबोर बा. होली के मस्ती भरल नौ गोगीत एह अलबम में बाड़ी सन जवना में से छह गो गीत दिनेश लाल निरहुआ के आवाज में आ तीन गो उनकर छोट भाई प्रवेशलाल यादव जूनियर निरहुआ का आवाज में बा. एगो गीत में इंदु सोनालीओ के आवाज बा. प्यारेलाल यादव आ श्याम देहाती के लिखल गीतन के संगीत से सजवले बाड़े संगीतकार राज बब्बर. कैसेट के परिकल्पन विजयलाल यादव के बा आ गीतन के संयोजन कइले बाड़े अशोक शिवपुरी. अलबम के निर्देशन समर के॰ मुखर्जी कइले बाड़न.

बकौल दिनेश लाल यादव निरहुआ, एह अलबम में अश्लीलता आ फूहड़पन से बचल गईल बा आ हल्का फुल्का हंसी मजाक आ छेड़छाड़ के मस्ती एह अलबम के जान बा जो नौ के नवो गीत रउरा के झूमे खातिर मजबूर कर दीहि.

अलबम के वीडियो संस्करण में निरहुआ आ प्रवेशलाल का साथे पाखी हेगडे, ममता तिवारी, आ आनन्द मोहन के अदाकारी शामिल बा. वीडियो खातिर नृत्य निर्देशन कानू मुखर्जी कइले बाड़े. निरहुआ कहलें कि पूरा अलबम परिवार का साथे बईठ के देखल जा सकेला. आ ई अलबम टी सीरीज का खास मांग पर बनावल गईल बा जवना चलते गीत, संगीत, नृत्य, स्वर हर बात में ध्यान राखल गईल बा कि एह अलबम के आनन्द लोग सालो भर उठा सके.

Music Album of Nirahua Brothers

प्रवेशलाल कहले कि भईया का साथे त नाचे के मौका नइखे मिलल बाकिर दोसरा कलाकारन का साथे हम भरपूर मेहनत कइले बानी. दोसरा गीतन में आ होली गीतन में तनी फरक होखबे करेला. होली गीतन में हमनी का मस्ती के रंग आवाज में मिलावहीं के पड़ेला आ डांसो में वइसने करे के पड़ेला. होली गीतन का शूटिंग में सबसे मुश्किल होला रंग अबीर उड़ावे घरी. एगो डांस का शूटिंग में हमरो आँख में गुलाल पड़ गईल रहे. आँख छनछनात रहे बाकिर हमरा हर शॉट पर चेहरा पर खुशी के भाव देखावे के पड़त रहे. पूरा दिन रंग पानी में भींज के काम करे के पड़ला तवन अलगा से. कहलन कि पहिले हमनी का अपना बड़ बूढ़ का गोड़ पर अबीर धर के तब होली खेलत रहीं जा बाकिर अब लोग होली के फूहड़ बना के राख दिहले बा.एह अलबम में पूरा कोशिश कईल गईल बा कि होली के शालीनता आ गरिमा वापिस ले आवल जाव.

पाखी हेगडे कहली कि जब उनुका होली अलबम में काम करे के प्रस्ताव मिलल त खुशी खुशी सकार लिहली. एक हालि पहिलहू होली अलबम में काम कईले रहली आ बड़ा मजा आईल रहे. कहली कि शूटिंग का समय अइसने लागत रहे जईसे हमनी का सांचो के होली खेलत रहीं जा. कहली कि अइसनका होली ऊ हर बार आ बार बार खेलल चहीहें. अलबम का बारे में उनुको कहनाम इहे रहे कि एह अलबम में होली गीतन के स्तर बनवले राखल गईल बा आ सपरिवार देखल सुनल जा सकेला.

Also read