बिहाने बिहाने में पंकज प्रवीण

पिछला अतवार का दिने भोजपुरी टीवी चैनल महुवा पर प्रसारित होखे वाला कार्यक्रम बिहाने बिहाने में शामिल होके उभरत गायक पंकज प्रवीण अपना गांव आ अपना जिला दूनो के नाम रोशन कर दिहले. अतवार १९ अप्रैल के मशहूर लोक गीत गायक आ बिहाने बिहाने के एंकर विजया भारती आ अजीत आनंद के साथे मिल के पंकज प्रवीण महुवा पर भोजपुरी लोक संगीत के आधुनिक रूप आ नवका पीढ़ि के लोक संगीत के समर्पण के समां बाँध दिहलन.

Pankaj Praveen, Bhojpuri Singer

बातचीत के शुरुआत भइल पंकज प्रवीण के आधुनिक लोकगीत "दया बा आँखि में ना अंग अंग मे फड़कऽ, हम तहरा दिल में धड़कीं, तू हमरा दिल में धड़कऽ." अतने में देवर आ भउजी दूनो लोग मस्ती में नाचे लागल. एकरा बाद बातचीत में पंकज प्रवीण अपना नाम पता का साथे अपना बारे में बतलवलन आ ओकरा साथे अपना संगीत के शुरुआत कइसे आ कहाँ से भइल एकरो बारे में खुल के बतवलन.

रउरा सभे का जानकारी खातिर बता दिहला जात बा कि पंकज प्रवीण उत्तर प्रदेश के बहराइच जिला के गंगापुर गांव के रहे वाला हउवन जे आजुकाल्ह दिल्ली में रहिके एगो प्रतिष्ठित संस्था में काम कर रहल बाडन. उनकर पूर्वज लोग बिहार के आरा जिला के रहे वाला रहे जे लगभग ६० साल से बहराइच में आ गइल बा. भोजपुरी भाषा का बारे में पंकज प्रवीण कहलन कि भोजपुरी भाषा उनका खातिर महतारी समान बा जेकरा के कभी ना भुलाइल जा सके आ पंकज एह परम्परा के अपना लोकगायकी क माध्यम से जारी रखल चाहत बाडन.

फेर देवर भउजाई क आग्रह पर पंकज प्रवीण आपन पहिलका भोजपुरी अलबम दिल दीवाना भइल के शीर्षक गीत "दिल दीवाना भइल, जियल मुस्किल भइल. बड़ी मुश्किल कइल इंतजार भइल बा" सुना के सबका के झूमे पर मजबूर कर दिहलन. फेर अपना अलबम के बनावे खातिर भइल संघर्ष के कहानिओ बतवलन कि कइसे लोग नवहा जोश आ भावना के साथे खेलवाड़ कर देत बा जेकरा वजह से नवहा गायक लोगन के या त भविष्य ख़राब हो जात बा भा उहो लोग अपना पैसा के वापिस पावे क चक्कर में अपना भोजपुरी लोक संगीत के जइसे बिक जाव वइसे बेचे में लाग जात बा.

पंकज प्रवीण के एगो नया अलबम आवे वाला बा. ओहू अलबम, चाँद जइसन चेहरा, क बारे में बतवलन. बाद में विजया भारती के विशेष आग्रह पर एगो भोजपुरी लोक गीत "इतना स्टाईल तहार, अउसन बेवहार के धमाकेदार प्रस्तुति क के सभका के झूमे पर मजबूर कर दिहलन.

पंकज से संपर्क करे खातिर 09350220974 पर फोन कर सकीलें.


( पंकज से फोन पर भईल बातचीत का आधार पर )