फ्रंटलाइन आ एम-सीरीज के धमाकेदार शुरुआत

राजनीति आ सिनेमा के दिग्गज लगवलन बधाईयन के ताँता

एह बियफे, १६ जुलाई २००९, के मुंबई का सिनेमा जगत में हलचल मच गइल. वजह रहे पहिलका बेर एक साथ एगो कार्पोरेट कंपनी के इंटरटेनमेंट विंग आ एगो नया म्यूजिक कंपनी के धमाकेदार लांचिंग कइल गइल.

कार्पोरेट कंपनी फ्रंटलाइन ग्रुप के फ्रंटलाइन इंटरटेनमेंट आ नया म्यूजिक कंपनी एम-सीरीज के लांचिंग राजनीति आ भोजपुरी सिनेमा जगत का दिग्गज का मौजूदगी में कइल गइल. फ्रंटलाइन इंटरटेनमेंट सिनेमा बनाई आ एम सीरीज कैसेट अलबम. फ्रंटलाइन के चेयरमैन संजय सिन्हा आ मनोज तिवारी के बधाई देबे खातिर सभे उमड़ पड़ल. एह मौका पर फ्रंटलाइन अपना तीन गो नया भोजपुरी फिलिमन का साथ बाजार में आवे के एलान कइलसि. कंपनी मनोज तिवारी के फिलिम बगलवाली जानमारेली के टेक ओवरो कर लिहलसि. अइसनका पहिलाक बेर हो रहल बा कि कवनो कंपनी पहिले आपन उत्पाद तईयार कर लिहलसि तब आपन लांचिंग के पार्टी दिहलसि. चेयरमैन संजय सिन्हा कहलन कि ऊ काम करके देखावल चाहत रहलन एहिसे अइसन कदम उठवलन.

Launching party of M-Series

एह लांचिंग का मौका पर मुंबई कांग्रेस के अध्यक्ष कृपाशंकर सिंह कहलन कि भोजपुरी, संस्कृत, आ मराठी एके टाइपराइटर पर टाइप होले. आज जवना तरह से भोजपुरी के बोलबाला पूरा दुनिया में बा ओहसे उनका एकरा पर गर्व बा. कहलन कि ऊ एगो भोजपुरी फिलिम गोबर सिंह में कामो कर चुकल बाड़े आ जब राहुल गाँधी के मालूम चलल त उनका अचरज भइल कि कृपाशंकर सिंह एक्टिंग कइसे कइले होखिहन.

कृपेशंकर सिंह का हाथ से म्यूजिक कंपनी एम-सीरीज के पहिलका अलबम हे महादेव के लांच कइल गइल. एह अलबम में मनोज तिवारी भगवान शिव का प्रताप के गुणगान कइले बाड़े. एह अलबम के कुछ गीतो मनोजे तिवारी के लिखल हवे. बाकी गीत श्याम देहाती के लिखल बा. अलबम के संगित मधुकर आनन्द के दिहल हऽ.

समारोह में कॉमेडी किंग राजू श्रीवास्तव अपना अंदाज में मनोज तिवारी, अभय सिन्हा, आ संजय सिन्हा के बधाई दिहलन आ सबके जमके हँसवलन. चर्चित नायिका नगमा अपना संबोधन में भोजपुरी के जमके वकालत कइली. भोजपुरी के सुपर स्टार दिनेश लाल यादव निरहुआ आ विनय आनन्द भोजपुरी के उत्थान में फ्रंटलाइन आ एम सीरीज के भरपूर सहयोग देबे के बात कहलन. निरहुआ एह मौका पर भगवान शिव के आराधना वाला एगो गीतो गवलन.

मनोज तिवारी के बधाई देबे वालनमें इम्पा के सुषमा शिरोमणि, महुआ चैनल के पवन तिवारी, एम सीरीज के निदेशक रानी तिवारी, अभिनेता टीनू वर्मा, विनया आनन्द, पंकज केसरी, बृजेश त्रिपाठी, प्रवेशलाल यादव, अवधेश मिश्रा, के के गोस्वामी, नायिका रानी चटर्जी, मोनालिसा, पाखी हेगडे, लवी रोहतगी, उर्वशी चौधरी, पूजा सक्सेना, निर्माता दीपक सावंतम सुधाकर पांडेय, जगदीश शर्मा, सनील बूबना, आलोक सिंहम हेमा चौधरी, फिल्म फाइनेन्सर श्याम बहादुर सिंह, दुर्गा नटराज, निर्देशक असलम शेख, राजकुमार आर पाण्डेय, रवि सिन्हा, जय प्रकाश, हैरी फर्नान्डीजम अनिल अजिताभ, गीतकार विनय बिहारी, अशोक घायल, दीप मोहमदाबादी, ब्राइट के योगेश लखानी , टी सीरीज के अजीत कोहली, अजीत गुप्ता, संगीतकार शनंजय मिश्रा, कोरियोग्राफर पप्पू खन्ना, लक्ष्मी नारायण त्रिपाठी वगैरह प्रमुख रहलन.


स्रोत : शशिकान्त सिंह, मुंबई. फोन: 9322411335, 9833295806