सुर संग्राम में बहल भक्ति के रसधार

महुआ चैनल पर आ रहल रियलिटी शो सुर संग्राम का सेट पर पिछला दिने पूरा तरह से भक्तिमय माहौल रहुवे. सावन का एह पावन महीना में एह रियलिटी शो के निर्माता एपना एक एपिसोड के पूरा तरह से भक्ति विशेष बना दिहलें. सब प्रतिभागियन के भक्ति गीत गावे के मौका मिलल.

Malini Awasthi, Anup Jalota, and Kalpana on the sets of Sur-Sangram

एह खा भक्ति एपिसोड में चार चांद लगावे आइल रहलें भजन सम्राट अनूप जलोटा. सेट पर जइसहीं सूत्रधार बनल मनोज तिवारी अनूप जलोटा के आमंत्रित कइलन पूरा सेट भक्तिमय हो गइल आ सब केहू खड़ा हो के अनूप जलोटा के स्वागत कइल. फेर एक एक करके प्रतिभागी आवत गइलन आ अपना मधुर आवाज से माहौल के भक्तिरस में डूबोवत गइलन. केहू माँ दुर्गा के वंदना कइल त केहू बाबा भोलेनाथ के.

भक्ति रस के बहत रसधार में अनूपो जलोटा आपन एगो भजन सुनवलन आ शो के अंत में अचके में आँसू के बाढ़ आ गइल जब कवनो बात पर अनूप जलोटा अपना पिताजी के याद कर बइठलन आ उनका आँख से लोर बहे लागल. तले सेट पर मौजूद राँची के ज्योति साहूओ फूट फूट के रोवे लगली काहे कि उनको अपना दिवंगत पिता के याद आ गइल.

सुर संग्राम के प्रसारण शुक आ शनिचर के रात साढ़े आठ बजे से होला. भक्तिरस में डूबल एह एपिसोड के प्रसारण अगिला शनिचर, २५ जुलाई के होखी. अगर कवनो कारण से रउरा एह समय पर का्यक्रम ना देख पाईं त शनिचर आ अतवार के दिन के एगारह बजे से शो के पुनः प्रसारण होखल करेला, ओकरे के देख लेम.


स्रोत प्रशान्त निशान्त, जनसम्पर्क सलाहकार, महुआ टीवी चैनल. फोन 09934208664 / 09967996624