रियलिटी शो में सामाजिक मुद्दा वाला गीत

महुआ चैनल पर प्रसारित होखे वाला अतिलोकप्रिय रियलिटी शो सुर संग्राम अइसनका काम कर दिहलसि जेकरा बारे में आजु ले केहू सोचले ना रहे. अबले रियलिटी शो में कवनो गायकम गायिका, गीतकार, संगीतकार, भा पर्व त्योहार के फोकस कर के एपिसोड बनावल जात रहल हऽ. बाकिर भोजपुरि गीत संगीत के रियलिटी शो में पहिलका बेर सामाजिक मुद्दा पर फोकस कर के एगो इतिहासे बना दिहल गइल बा.

Mohan Ji with Manoj Tiwari in Sur Sangram

रियलिटी शो के जनक कहाये वाला गजेन्द्र सिंह के बनावल एह रियलिटी शो में सेट पर अइसन कर दिहल गइल कि लोग ई सोचे पर मजबूर हो जाई कि रियलिटी शो अब खाली टीआरपी के ना सोचेलें बलुक सामाजिक सरोकार वाली बातनो पर ओह लोग के धेयान बा. हर घर का ड्राइंग रुम में चहुँप चुकल सुर संग्राम का माध्यम से सामाजिक कुरीतियन के विषय लोग का सोझा उठावल गइल बा आ एह तरीका से ओह कुरीतियन से लड़े के जज्बा पैदा करे के कोशिश कइल गइल बा.

एह शनिचर पहली अगस्त के रात साढ़े आठ बजे से देखावल जाये वाला एपिसोड में बिहार यूपी के प्रतिभागी समाज के दर्द सामने ले अइहन. केहू बेरोजगारी पर चोट करी त केहू दहेज प्रथा पर. केहू बालविवाह के वेदना बयान करी त केहू जात पात के विभाजनकारी भावना के. सुर संग्राम के हर एपिसोड के सूत्रधार मनोज तिवारी मृदुल रहेलें आ मालिनी अवस्थी आ कल्पना दू गो जज रहेली. हर शनिचर के एपिसोड में केहू विशिष्ट व्यक्ति के तीसरका बाकिर मुख्य जज बनावल जाला. अबकी के सामाजिक एपिसोड के मुख्य जज बनल बाड़े भोजपुरी सिनेमा के भीष्मपितामह कहावे वाला मोहनजी प्रसाद.

से अबकी के एपिसोड देखल मत भुलायम. अगर कवनो कारण से छूट जाव त देर रात में बारह बजे से आ फेर अतवार का दिने सवेरे एगारह बजे से एकर पुनः प्रसारणो कइल जाला.


स्रोत प्रशान्त निशान्त, जनसम्पर्क सलाहकार, महुआ टीवी चैनल. फोन 09934208664 / 09967996624