सुर संग्राम में अइलें पपलू प्रतिभागी

महुआ टीवी पर प्रसारित होखे वाला म्यूजिकल रियलिटी शो सुर संग्राम आजुकाल्ह देखे वालन के दिल दिमाग पर छा गइल बा. हर हफ्ता बढ़त जात एकर टीआरपी रैंकिंग एकरा के बिहार यूपी के सबसे लोकप्रिय शो बना दिहले बा. झारखण्ड, बंगाल, महाराष्ट्र, पंजाब समेत कई राज्यन के भोजपुरिया श्रोतादर्शक के ई कार्यक्रम नीक लागऽता. गीत संगीत का माध्यम से अपना परम्परा के निसंकोच बढ़ा रहल ई शो एह हफ्ता अब दिलचस्प मोड़ पर आ चहुँपल बा.

Manoj Tiwari with a contestant in Sur Sangram

हर हफ्ता एक एक प्रतिभागी के छँटइला का चलते अब बिहार से दूइये गो आ यूपी से तीने गो प्रतिभागी बांचल बाड़े. एह हफ्ता पपलू कार्ड इन्ट्री कर के बिहार आ यूपी से पांच पांच गो प्रतिभागी शामिल कइल जा रहल बाड़े. एह तरह के इंट्री के विरोध कई बार प्रतिभागी कर चुकल बाड़े तबहियो अइसनका कइल जा रहल बा.

पपलू इंट्री करे वाला प्रतिभागियन में बिहार के छपरा से हिमांशु सम्राट के आ यूपी के गोरखपुर से शिवानी पाण्डेय के फेर से इंट्री दिहल गइल बा. ऊ लोग पहिले भी मंच पर आ चुकल बा आ चक्रव्यूह में फँस के बाहर हो गइल रहे. नया प्रतिभागियन में बिहार के गोपालगंज से अलका सिंह आ अन्नू दूबे के, आ आरा से परमानन्द प्रेमी आ प्रसुन प्रसाद के मौका दिहल गइल बा. यूपी का तरफ से बनारस के अमलेश आ प्रियंका सिंह के, आजमगढ़ से रामाशीष के आ पांडेपुर से श्वेता दास के मौका मिलल बा.

अब एह पपलू इंट्री के का मकसद बा, काहे कइल गइल, ई त आयोजके बता पइहें. नया नियम का मुताबिक एह तरह से इंट्री लेबे वाला प्रतिभागी एकहएक गो गाना सुनाई लोग आ जज ओहमें से पांच जने के चुन के अगिला राउण्ड में भेज दीहें.

एह पपलू इंट्री वाला शो के विशेष अतिथि जज रहीहें आनन्द शर्मा आ अनुज कप्पू के जोड़ी जे एकरा पहिले मशहूर रियलिटी शो सारेगामापा, वायस आफ इण्डिया, चक दे बच्चे, जुनून, आ अंताक्षरी में संगीत दे चुकल बाड़े. हर हफ्ता का तरह एह कार्यक्रम के प्रसारण शनिचर के रात साढ़े आठ बजे से कइल जाई. दस गो नयका प्रतिभागियन के देखल आ ओह लोग के गायन के आनन्द लिहल मत भुलाएम.


स्रोत प्रशान्त निशान्त, जनसम्पर्क सलाहकार, महुआ टीवी चैनल. फोन 09934208664 / 09967996624