संगीत भोजपुरी पर शुरु भइल आराधना

Logo of Sangeet Bhojpuri

संगीत हमेशा सुने में बढ़िया लागेला आ अगर ऊ भक्ति संगीत होखो त आउरी अलौकिक लागेला. हमनी के भक्ति संगीत हमनी का संस्कृति आ परम्परा से जुड़ल बा. ई गीत संगीत साचहूं दैविक लागेला आ आत्मा, शरीर, आ मस्तिष्क के एक साथ जोड़ देला.

Aradhana

संगीत भोजपुरी अपना दर्शकन खातिर एगो नया कार्यक्रम आराधना ले के आइल बा. एह कार्यक्रम में आध्यात्म का रस में डूबल भक्ति संगीत आ मंत्रोच्चार प्रस्तुत कइल जाई जवन आत्मा के तृप्त कर दीहि. रउरा एह कार्यक्रम में अन्तरतम के संतुष्ट कर देबे वाला चुनिन्दा भक्ति संगीत के प्रसारण कइल जा रहल बा, एह कार्यक्रम में भगवान राम, माँ दुर्गा, विघ्नेश्वर गणेश, माँ लक्ष्मी, भगवान शिव, भगवान कृष्ण, अम्बे माँ वगैरह सगरी देवी देवता के स्तुति करत भजन के प्रस्तुति हो रहल बा.

एहसे २३ अगस्त से सबेरे साढ़े सात बजे, दुपहरिया एक बजे आ साँझ में सात बजे से आराधना के प्रस्तुति संगीत भोजपुरी पर होखल करी. आईं आराधना में शामिल होखीं.


स्रोत : मीडिया वर्ल्डवाइड प्रा॰लि॰