कल्पना स्काटलैण्ड से आलोक आ मोहन के बधाई सनेसा भेजली

बाइस गो से बेसी भाषा में बीस हजार से बेसी गीत गा चुकल कल्पना अब महान संगीत सम्राट त्रिलोकगुरु का साथे अन्तर्राष्ट्रीय मंच पर आपन सुर लहरी बिखेरे जा रहल बाड़ी. अपना भोजपुरी गायकी से भोजपुरी भाषियन के लाडली बन चुकल कल्पना आजु काल्ह स्काटलैण्ड का यात्रा पर बाड़ी जहाँ उ अपना संगीत अलबम मसाइकल के वर्ल्डप्रोमो टूर पर गइल बाड़ी. ऊ दुनिया के कई देशन में आपन कार्यक्रम देबे गइल बाड़ी. साथ में बाड़े संगीत के विश्वविख्यात हस्ती त्रिलोकगुरु, माइकल जैक्सन का साथ लीड प्लेयर रह चुकल कार्लोकैन्टीनी, फ्रीडर्मी, रोनाल्ड आ स्टेफनो जइसन बड़हन हस्ती.

Kalpana

त्रिलोक गुरु का सुझाव पर कल्पना भोजपुरी गीत के ब्राजील आ साउथ अफ्रीकी संगीत का साथ फ्यूजन शामिल कइले बाड़ी आ जर्मनी के एगो बड़हन म्यूजिक कम्पनी उनकर संगीत अलबम मसाइकल के दुनिया भर में रिलीज कइले बा. एह अलबम का जरिये कल्पना भोजपुरी के छवि से अलगा हट के संगीत के शाहजादी बनके उभरल बाड़ी. एह अलबम में लोकगीत, भोजपुरी, कजरी, निर्गुण आ पूरबि गीतन का साथ साथ पॉप आ जॉज जइसन विदेशी विधो में अपना संगीत के छटा बिखेरले बाड़ी.

मसाइकल के दूसरा ट्रैक में कल्पना बनारसी, ठूमरी, गोलपुरिया आ आसाम के लोकगीतन के मिश्रण पेश कइले बाड़ी. कल्पना के कहनाम बा कि संगीत के शास्त्रीय होखे से पहिले समकालीन होखे के चाहीं तबे ऊ लोकप्रिय होखी. एह दौरान कल्पना प्रियदर्शन के हिन्दी फिल्म पायरेट आ दे दनादन में म्यूजिक डायरेक्टर प्रीतम का साथ आ रिलायन्स के हिन्दी फिल्म मिर्च में म्यूजिक डायरेक्टर मोन्टी का साथ अपना आवाज के जादू जगा चुकल बाड़ी. स्काटलैण्ड प्रवासो में ऊ सुरसंग्राम के याद भुलाइल नइखी जवना के ऊ करीब करीब अन्त तकले जज रहली आ ओहिजे से सुरसंग्राम के फाइनल योद्धा बिहार के आलोक कुमार आ यूपी के मोहन राठौड़ के बधाई भेजले बाड़ी.


स्रोत : शिवेन्द्र इन्टरटेनमेंट मीडिया