मनोज मिहिर आ विजेता गोस्वामी के मस्कट से बोलहटा

Manoj Mishra Mihir

रंग दे बसन्ती चोला से अपना फिल्मी कैरियर के शुरुआत करे वाला आ महुआ टीवी का बिहाने बिहाने आ सुरसंग्राम में शामिल रह चुकल गायक आ भोजपुरी फिल्म अभिनेता मनोज मिश्र मिहिर आ सुरसंग्राम में अपना गवनई से धाक जमा चुकल गोरखपुर के गायिका विजेता गोस्वामी के मस्कट में भोजपुरी गीत संगीत के जलवा बिखेरे खातिर बोलहटा मिलल बा.

Vijeta Goswami

आयोजन होली का अवसर पर ओमान के राजधानी मस्कट में ओहिजा के भोजपुरी विंग करा रहल बा. दुनु जने के कार्यक्रम भारतीय दूतावास आ शहर में दोसरो जगह करावल जाई. ई जानकारी मस्कट के भोजपुरी विंग के अध्यक्ष मोहमम्द इरशाद उर्फ नाज निर्मोही दिहले बाड़े.


स्रोत : धर्मेन्द्र कुमार पाण्डेय, गोरखपुर