गायकी मे कल्पना के सम्मान बढ़ले जात बा

Kalpana on the beach गवनवा ले जा राजा जी टाइप के गीत से मशहूर भइल आ अब भोजपुरी के स्वर कोकिला कहाये वाली कल्पना के अब गायन का क्षेत्र में प्रतिष्ठित पुरस्कार मिले लागल बा. हिन्दी फिल्म वेलकम के इक ऊँचा लम्बा कद...., बिल्लू बारबर ले बिल्लू भयंकर, आ दे दना दन के हॉटी नॉटी गीत से लोग का जुबान पर चस चुकल कल्पना अब अन्तर्द्वन्द्वसाँचा जइसन कला फिल्मनो के जान बन गइल बाड़ी.

अपना अन्तर्राष्ट्रीय अलबम मॉसिकल के वर्ल्ड टूर का बाद एह दुनु फिल्मन के मिलल सम्मान से कल्पनो के कद बढ़ल बा. एह फिलिमन में कल्पना के गावल गीट अलगे प्रभाव छोड़ले बाड़ी सँ. कल्पना के कहनाम बा किकला फिल्मन के भूख उनका शुरुआते से रहल आ उमर का साथे जब परिपक्वता बढ़ल त करियो के देखा दिहली. आवे वाली हिन्दी फिल्म ये संडे क्यों आता है में कल्पना अपना गीत से बालमन के संवेदना बहुते गहराई से प्रस्तुत कइले बाड़ी.


स्रोत : उदय भगत