भोजपुरी गायक राकेश श्रीवास्तव

Rakesh Srivastava : Bhojpuri Singer

पूर्वांचल का भोजपुरी गायकन में से एक नाम राकेश श्रीवास्तव के बा जे लोक गायकी में आपन एगो विशिष्ट पहिचान बना लिहले बाड़न. आजु का अश्लील आ दुअर्थी गीतन से परे रहके पारम्परिक लोकगायिकी का बल पर तमाम उपब्धि हासिल करे वाला राकेश श्रीवास्तव के बहुतेरे आडियो वीडियो अलबम जारी हो चुकल बाड़ी सन. गोरखपुर आकाशवाणी से बी उच्च श्रेणी के अनुमोदन पा चुकल राकेश भारत का प्रमुख आकाशवाणी आ दूरदर्शन केन्द्र आ तमाम प्रमुख शहरन में अपना गायिकी के परचम लहरा चुकल बाड़न. थाईलैंड का बैंकाको शहर में राकेश भोजपुरी माटी के सोन्ह महक से अपना देश के गौरवान्वित कर चुकल बाड़न.

भोजपुरी कोकिला का नाम से सुविख्यात इनकर माता जी श्रीमती मैनावती देवी श्रीवास्तव से इनका लोकगायिकी विरासत में मिलल बा. भोजपुरी का क्षेत्र में कई सम्मान पा चुकल राकेश श्रीवास्तव गोरखपुर के गुरु गोरक्षनाथ जी पर कई गो अलबम बना चुकल बाड़न जवन बहुते लोकप्रिय भईल बाड़ी सन. आजुकाल्हु राकेश गोरखपुर का सिटी चैनल पर यश टीवी के प्रसारण भोजपुरी जलवा में एंकरिंग कर रहल बाड़न.

गायिकी का साथ साथ राकेश भोजपुरी के निमन संगीत निर्देशको हउवन. ई दूरदर्शन के बनावल कई गो संगीत रूपक, टेली फिल्म, डाकुमेन्टरी फिल्मन खातिर संगीत निर्देशन कर चुकल बाड़न. बिदेसिया लोक शैली कें कईल गईल इनकर संगीत निर्देशन बहुते चर्चित आ लोकप्रिय रहल बा.

फिलहाल राकेश श्रीवास्तव पूर्वोत्तर रेलवे, गोरखपुर में वाणिज्य निरीक्षक का पद पर कार्यरत बाड़न.

संपर्क पता : राकेश श्रीवास्तव,
१२९, शरण विला,
आर्यनगर,
गोरखपुर

ईमेल : lokgayakrakesh@rediffmail.com

मोबाइल : 9415282997, 9451762336.