फेर ओहिजे से....

आलोक पुराणिक

आफत हो गईल बा ई समुझल आ समुझावल के इंडियन पालिटिक्स मेंएह घरी के कहवाँ बा. माहौल विकट शरद पवारी हो गइल बा.

1- शरद पवारजी के पार्टी कांग्रेस के सहयोगी हऽ. बाकिर शरद पवारजी पीएम बने खातिर शिवो सेना के सहयोग ले सके ले.
ना, ना. शिवसेना त भाजपा के सहयोगी हियऽ आ भाजपा के प्रधानमंत्री त पहिलहीं से सेट बाड़े. भाजपा में चुनाव समिति भलहीं सेट ना हो पावत होखे बाकिर पीएम सेट बाड़े.
शिवसेना आडवाणीजी के पीएम मानी कि पवारजी के ? वइसे पवारजी के बंदा कह रहल बाड़न कि तिसरको मोरचा में उनुका के पीएम मानल जा सके ला. त मतलब पवारजी के कहां के मानल जाव? देखीं, एह सवाल का जवाब खोजल मुश्किल बा कि पवारजी कहां बाड़े. ओफ्फो, त चलऽ बतावऽ लेफ्ट कहवां बा ?

2- लेफ्ट अब नवीन पटनायक का साथे बा, जे ओह दिन अतना बजे ले भाजपा का साथे रहलन.
ओफ्फो, तो भाजपा का साथे रहे वाला तो एंटी सेकुलर भईलन फेर ऊ लेफ्ट का साथे कइसे बाड़े ?
ना. ओतने बजे तकले ऊ ही ऊ एंटी सेकुलर रहलन, बाद में उ फेर से सेकुलर हो गइलन.
मतलब कवनो रोक थोड़हीं न बा. बंदा डेली का हिसाब से, हफ्तवारी का हिसाब से भा घंटो का हिसाब से सेकुलर हो सके ला. मतलब इहो पासिबल बा कि बंदा भोर में बुलेटिन जारी कर देव कि दुपहरिया ले त सेकुलर रहे के मन बा, फेर बीच में दू तीन घंटा के फ्लैक्सिबिलटी चाहीं. साँझ तक हो सके ला कि फेर लेफ्ट का ओरि आ जाईं.
मतलब लेफ्ट नवीनो पटनायक का साथे बा आ जय ललितोजी का साथे, जे कबो भाजपा का साथे रहली.
ओफ्फो, त का फाइनली ई मान लिहल जा कि नवीन पटनायक, जया ललिताजी सब लेफ्ट का साथे बाड़न ?

3- ना ना, लेफ्ट इनका साथे बा. बाकिर ईहो लेफ्ट का साथे बाड़े कि ना ई अबहीं ना बतलावल जा सके.
जयललिताजी सिर्फ अपना साथे बाड़ी आ पीएम बने का सपना का साथे.
मायावतीओजी का बारे में इहे बात कहल जा सके ला. ओफ्फो, त ई बतावऽ कि अल्टीमेटली लेफ्ट का साथे के बा ?

4- ई बाति तो खुद लेफ्टोवाले नइखन जानत.

5- ओफ्फो, त सोझ सोझ कहऽ ना कि के कहवां बा.
एह सवाल के जवाब तबहियें दिहल जा सकेला जब ई पता चल जाव कि शरद पवार कहवाँ बाड़न. चलऽ, त ईहे बतला दऽ कि शरद पवार कहां बाड़े?
ई जाने खातिर फेर से पाइंट नंबर वन देखीं.


आलोक पुराणिक जी हिन्दी के विख्यात लेखक व्यंगकार हईं. दिल्ली विश्वविद्यालय में वाणिज्य विभाग में प्राध्यापक हईं. ऊहाँ के रचना बहुते अखबारन में नियम से छपेला. अँजोरिया आभारी बिया कि आलोक जी अपना रचनन के भोजपुरी अनुवाद प्रकाशित करे के अनुमति अँजोरिया के दे दिहनी. बाकिर एह रचनन के हर तरह के अधिकार ऊहें लगे बा.

संपर्क 09810018799
email : puranika@gmail.com

आलोक पुराणिक जी के वेबसाइट