माई के मनौती

डा॰कमल किशोर सिंह

मनौतिया मनावे माई, देवी के दुअरिया,
आचरा पसारि, भरि पुजवा के थरिया.
नाया गडवाइब राउर धजवा केसरिया,
रउआ के चढाइब हम जोडवा पिअरिया,
बाजा बजवाइब, खिलाइब भिक्षुक भिखरिया,
एके हमार हीरा मोती, आँख के पुतरिया,
पलनी, पढवनी करि मेहनत मजुरिया,
बम्बई में बबुआ हमार करेले नोकरिया,
सुनऽतानी उहाँ होता रोजे मारा मरिया,
टी.बी.एच.आइ.वी के भी होखता बेमरिया,
बबुआ के बचाईब राखब दाया के नजरिया,
मनौतिया मनावे माई, देवी के दुअरिया.


रिवरहेड, न्यूयार्क