नामाकरण

डा॰कमल किशोर सिंह

पौ फाटे से पहिले ही
चहकल नन्हमुनिया
हो गइल बिहान घरे ,
आ गइल रोशनिया.

देखते हमरा अंखिया में
आ गइल पनिया ,
छाती तान सराही आपन
अंश-बंस निशनिया..

बाकी, नाम-धराई में
कुछ आईल परेशनिया
घर में होखे लागल
तनी बहस खींचा-तनिया..

लक्ष्मी, सरसती,
पारवती, नाम पुरनिया,
सीता, गीता, रीता,
सभे बाडी पडोसनिया.

चंपा, रूपमती, फूलमती,
जूही और चमेलिया,
नाम साधारन लागे
मिल जाला सभे गलिया.

बहु, बेटा का निमन लागल
नाम अमेरिकनिया,
हम देनी नाम -'सुनहरी-'
उ लोग कहेला - -'औरेलिया-'.


रिवरहेड, न्यूयार्क