Manoj "Bhawuk"

Delhi

समलैंगिकता पर मनोज भावुक के गीत

मनोज "भावुक"

समलैंगिकता

नैतिकता से जादे कानूनी दांव-पेच के मसला बन के रह गइल बा. आज हाईकोर्ट के ऐतिहासिक फैसला के बाद समलैंगिक समाज के लोग के खुशी के ठिकाना नइखे. बाकिर भारत जइसन पारंपरिक देश में समलैंगिकता पर असमंजस के स्थिति बा. कोर्ट के कहनाम बा कि धारा 377 जनता के मौलिक अधिकार के हनन बा. एह से दिल्ली हाईकोर्ट भारतीय दंड़ संहिता के धारा 377 के अपराध के श्रेणी से हटा दिहले बा. न्यायालय के कहनाम बा कि अगर आपसी रजामंदी से कवनो वयस्क पुरुष चाहे महिला आपस में संबंध बनावत बाड़न त ऊ धारा 377 के श्रेणी में ना आई. कोर्ट के एह फैसला के बाद समलैंगिक लोग में खुशी के लहर दौड़ गइल बा.

एगो लइका अपना बाबूजी के समझावत बा -

समलैंगिकता पर मनोज भावुक के गीत

ई आज के डिमांड बा, रउरा ना बुझाई.
नर, नर संगे, मादा, मादा संगे जाई.
हाईकोर्ट देले बाटे अइसन एगो फैसला,
गे लोग के मन बढल, लेस्बियन के हौसला.
भईया संगे मूंछ वाली भउजी घरे आई,
ई आज के डिमांड बा, रउरा ना बुझाई.

खतम भइल धारा अब तीन सौ सतहत्तर
घूमऽतारे छूटा अब समलैंगिक सभत्तर.
रीना अब बनि जइहें लीना के लुगाई,
ई आज के डिमांड बा, रउरा ना बुझाई.

पछिमे से मिलल बाटे अइसन इंसपिरेशन,
अच्छे भइल, बढी ना अब ओतना पोपुलेशन.
बोअत रहीं बिया, बाकि फूल ना फुलाई,
ई आज के डिमांड बा, रउरा ना बुझाई.


(Posted on 3 July 2009)

परिचय -

भोजपुरी साहित्य में पिछला एक दशक से चमकत सितारा के नाम हऽ मनोज भावुक. मनोज भोजपुरी साहित्य का प्रचार-पसार के काम भारत का साथे-साथ यू॰के॰, अफ्रीका वगैरह देशनो मे कइले बाड़न. भारतीय भाषा परिषद मनोज भावुक के उनका गजल-संग्रह ' तस्वीर जिंदगी के' खातिर सम्मानित कर चुकल बा. भावुक फिल्म समीक्षको हउवन आ भोजपुरी सिनेमा के विखरल इतिहास के अपना लोकप्रिय शोध पत्र 'भोजपुरी सिनेमा के विकास-यात्रा' में समेटे क सफल कोशिश कइले बाड़न. भावुक आजुकाल्हु 'हमार टीवी' में प्रोग्रामिंग हेड बाड़ें. उनका बारे में ज्यादा जानकारी www.manojbhawuk.com आ www.manojbhawuk.wordpress.com पर मिल जाई. उनका से संपर्क कइल चाहतबानी त उनका ईमेल manojsinghbhawuk@yahoo.co.uk भा मोबाइल नंबर 09818746131 के सहारा ले सकीलें.