छठी के त्योहार
 

-मंतोष कुमार सिंह
 

चारो ओर भइल उजियार
आ गइल छठी के त्योहार.
गोरी करेली सिंगार
आ गइल छठी के त्योहार.

गोबरा से अंगना-दुअरिया लिपाइल
अंजुरी की पनिया से ओखरी पोताइल
बड़का बाबूजी करे लें बाजार
आ गइल छठी के त्योहार.

गुड़ अउरी चउरा के खिरिया बनेला
बांसवा के टोकरी में फूलवा सजेला
घर-घर होला जयकार
आ गइल छठी के त्योहार.

गउवाँ क घटिया पर मुरती सजाइल
नंगे पांव लोगवा के टोली आइल
सब करे सूरज बाबा के जयकार
आ गईल छठी के त्योहार.


लेखक पत्रकार अउरी गीतकार हईं
स्थाई पता:-
ग्राम- बावनपाली बासुदेव, पोस्ट- इसरौली, जिला- देवरिया (उत्तरप्रदेश)
वर्तमान पता-
नया पता. 177-2 ए, साकेत नगर, भोपाल (मध्यप्रदेश)
मोबाइल-09406047658
ईमेल-mantosh11@gmail.com