डा॰रामरक्षा मिश्र विमल

कविता

बिहान अब होई

मीत,
का लिखीं पाती में
ईहे सोचे में कतना दिन असहीं गुजर गईल
एहिजा नया समाचार बड़ले का बा.

रोज त बस एके तरह के घटना
कहीं दस के हत्या कहीं पांच के बलात्कार
दहेज के लोभी बहू के जरा दिहले सऽ
त कहीं पटरी पर से रेल उतरलि
कहीं घर गांव फुंका गईल
कवनो अधिकारी सीबीआई के चपेट में
केनियो बाढ़ से गाँव के गाँव दहा गईल
त सुखार से धरती जरि गइली केनियो.

लोग बाग डहकऽता
रोज ईहे कुल पढ़त सुनत
संवेदना मर गइल बा हमनी के
अब त जइसे परभावे ना रहल एकर.

हँ, इयाद आइल
हर चेहरा प एगो नया तेज देख रहल बानी कुछ दिन से
सभके मन में कुछ सुगबुगा रहल बा
फर्ज आ अधिकार के बात सुन रहल बानी
हर गली हर कूचा हर गाँव हर शहर
दोसरा के बुद्धि पर जीएवाला लोगो
इस्तेमाल करे लागल बाड़े आपन दिलो दिमाग
लागऽता अन्हरिया के दिन अब खतमे बा
बिहान अब होइबे करी.

एही आस में त
जइसे हमनी सभ के हँसल गावल थथमल बा
देखीं गीत कहिया फूटेला
गजल कब ले गवाले
ढोलक के डोरी कब खिंचातिया
पखाउज कब मढ़ाता !


डा॰ रामरक्षा मिश्र विमल : एगो परिचय

  • पिता के नाम पंडित काशीनाथ मिश्र
  • मूल निवास सबल पट्टी, बड़का गाँव, नगपुरा, भाया दुल्लह पुर, बक्सर - 802118
  • वर्तमान आवास : कोलकाता में
  • शिक्षा हिन्दी से स्नातकोत्तर, स्वर्ण पदक प्राप्त, बी एड
  • पेशा स्नातकोत्तर अध्यापक
  • लेखन हिन्दी आ भोजपुरी के पत्र पत्रिकन में आ दैनिक साप्ताहिक समाचार पत्रन में हर विधा के सैकड़न रचना प्रकाशित. पहिलका गीत १२ बरिस का उमिर में छपल रहे. कवि का साथ गायकिओ. अपने आवाज में आ कुछ दोसरो गायकन का आवाज मेंचार दर्जन से अधिका भोजपुरी गीतन के रिकार्डिंग हो चुकल बा.
  • अनियतकालिक हिन्दी साहित्यिक पत्रिका संसृति के संपादन आ प्रकाशन.
  • आकाशवाणी पटना आ भागलपुर से हिंदी आ भोजपुरी कविता के प्रसारण
  • हिन्दी काव्य संग्रह कौन सा उपहार दूं प्रिये प्रकाशित.
  • भोजपुरी काव्यसंकलन, रामचरित मानस की रचना प्रक्रिया आ रामचरितमानस में चरित्र निर्माण जल्दिये प्रकाशित होखे वाला बा.
  • दू गो भोजपुरी आडियो कैसेट जारी. माई के जय बोल वेभ से आ प्यार भईल महँगा के सीरिज से आ टीसीरिज के वीडियो अलबम आ जा ए परदेसी में एगो गीत शामिल.
  • ईटीवी बिहार झारखण्ड से भोजपुरी गीतगायन प्रसारित.
  • सम्मान : डा॰ अंबेदकर फेलोशिप सम्मान, भोजपुरी दीप सम्मान

संपर्क :
मोबाइल 09831649817
email : ramraksha.mishra@yahoo.com