भोजपुरी एसोसियेशन आफ इंडिया के उत्तर क्षेत्र कार्यालय लखनऊ में खुल गइल

Pakhi, Nirahua, and Dinesh Tiwari

पिछला गणतन्त्र दिवस का दिने लखनऊ में भोजपुरी एसोसियेशन आफ इंडिया के उत्तर क्षेत्र कार्यालय लखनऊ में खुल गइल. कार्यालय के उद्घाटन भोजपुरी सिनेमा के सुपर जुबिली स्टार दिनेश यादव निरहुआ आ सुपर अभिनेत्री पाखी हेगडे कइल लोग.

एह अवसर पर आइल बड़हन भीड़ के स्वागत उत्तर क्षेत्र के निदेशक दिनेश तिवारी कइले. अपना संबोधन में निरहूआ कहलन कि भोजपुरी के पसार पूरा दुनिया में तेजी से हो रहल बा आ आशा बा जे भाई भोजपुरी एसोसियेशन आफ इंडिया, एह दिसाईं निमन काम करी.

उद्घाटन समारोह में भोजपुरिया गुरु मनोज श्रीवास्तव, कुलदीप श्रीवास्तव, विनोद मिश्रा वगैरह लोग मीजूद रहे.