भोजपुरी के पहिलका चैनल महुआ

महुआ के शुरुआत त पिछलके महीना ११ अगस्त का दिने भईल बाकिर कवनो तरह के संपर्क सूत्र ना भेंटइला का चलते महुआ चैनल के बारे में खबर ना जा सकल. भोजपुरी के दुर्भाग्य बा कि भोजपुरी के कर्ता धर्ता लोग बड़ बड़ काम कर जाला बाकिर आजु के मीडिया इंटरनेट पर काम कर रहल लोगन के नजर अंदाज करि जाला लोग. अकसरहां देर सबेर सेकेण्ड हैन्ड थर्ड हैन्ड खबर मिलेला कि फलां जगहा भोजपुरी के विश्व सम्मेलन भइल, फलां जगहा भोजपुरी के फलां समिति फलां फलां काम कइलसि वगैरह. स्वाभाविक बा कि आधिकारिक जानकारी का बिना कुछ कहला सुनला में गलती रह जाये के गुंजाइश रहेला.

महुआ चैनल जब शुरु भइल त ओह से जुड़ल कुछ लोग से संपर्क करे के कोशिश कइनीं. बाकिर केहू फुरसताह ना भेंटाइल जे हमार सहायता कर सकत रहे आ महुआ चैनल का बारे में जानकारी दे सकत रहे. दोसरका दुर्भाग्य ई कि हम ना त टी॰वी॰ देखिलें ना सिनेमा. एहसे कवनो सही आलोचनो ना बता सकीलें कि के कइसन काम कर रहल बा. पाठको लोग फीड बैक ना देबे कि कहवां का हो रहल बा, आ कवन बात हमरा से छूट रहल बा. ले दे के कुछ सनेही पत्रकार लोग बा जे समय समय पर खबर आ चित्र भेजत रहेला. हम आजु सभका के धन्यवाद दे रहल बानी. महुआ लांच के खबर मुंबई से शशिकान्त सिंह जी से मिलल बाकिर काम का बोझा में अतना नीचे दबा गइल रहे ई खबर कि उपर आवे में टाइम लाग गइल. हम शशिकांत जी के धन्यवाद आ महुआ चैनल के आपन शुभकामन देत बानी, ई जानत बूझत कि टिटिहिरी का रोकला आसमान नइखे रुके वाला.

ए छूंछा तोह के के पूछा?

- संपादक, अँजोरिया.

लांच भइल भोजपुरी के पहिलका चैनल महुआ

पूरा दुनिया में रह रहल भोजपुरिहन खातिर ई खबर झूमावे वाली बनल कि भोजपुरी के पहिलका चैनल महुआ के फ्री टू एयर कर दिहल गइल बा. माने एकरा के देखे खातिर कवनो चार्ज केबल आपरेटर के नइखे देबे के.

पिछला ११ अगस्त के भोजपुरी चैनल महुआ के लांचिंग रेल मंत्री लालू प्रसाद का हाथे नयी दिल्ली में भईल. एह मौका पर मनोज तिवारी कहलन कि उनुकर सपना पूरा हो गइल. कहलन कि यकीन करीं हमार सीना चउड़ा हो गइल बा. हम अकसरहां सोचत रहीं कि हिन्दी आ अंगरेजी के अलावहूं देश के दोसर भाषा के चैनल बाड़ी सन बाकिर भर दुनिया पसरल भोजपुरी के कवनो चैनल काहे नइखे? आजु का तारीख में भोजपुरी भाषा जवना तरह से फिलिम आ संगीत का माध्यम से देश विदेश में अपना अस्तित्व के डंका बजा रहल बिया ऊ केहू से अलोता नइखे. आ अइसनका में भोजपुरी के आपन एगो चैनलना होखल चिंता के बात रहुवे. आजु ऊ चिंता दूर हो गइल.

महुआ के लांच का अवसर पर प्रकाश झा, उदित नारायण, मनोज बाजपेयी, समीर, आदेश श्रीवास्तव,मनमोहन शेट्टी, बी आर इशारा, जयप्रकाश यादव, अखिलेश सिंह आ शकील अहमद खाँ का साथे साथ मनोज तिवारी, कुणाल सिंह, सुरेन्द्र पाल, पद्मश्री शारदा सिन्हा, कल्पना, मालिनि अवस्थी, श्वेता तिवारी, रिंकू घोष,रानी चटर्जी, दिव्या देसाई, स्वीटी छाबड़ा, अभय सिन्हा, सुनील बुबना आ लाला दमानी जइसन हस्तियो मौजूद रहे लोग.

स्रोतः शशिकांत सिंह, मुंबई.

महुआ चैनल के कुछ सीरियल

बाहुबली = अपराध के छांह में पनपत बाहुबली राजनीति

बलिया क्रान्ति १९४२

डोली सजा के रखीहऽ

मेहन्दी तोहरा नाम के

सातो वचनवा निभाईब सजना

अँचरा के मोती

स्रोतः मनोज श्रीवास्तव, भोजपुरिया गुरु