बिहार में फिल्म सिटी के निर्माण होखो - रविकिशन

Ravikishan talking to mediapersons भोजपुरी फिल्मन के सुपर स्टार अभिनेता रवि किशन बिहार में ठंढा बस्ता में पड़ल फिल्मसिटी निर्माण के मुद्दा पर दुःख जतावत बिहार का मुख्य मंत्री नीतीश कुमार से जल्दिये एह दिशाईं ठोस कदम उठावे के मांग कइले बाड़न. संगही संगे मुख्यमंत्री नीतीश कुमार क प्रशंसा करत कहले बाड़न कि उनकर सकरात्मक सोचे के नतीजा बा जे बिहार आज तरक्की का राह पर बा.

बिहार का कटिहार सहर में एगो निजी कंपनी के समारोह में भाग लेबे चहुँपल रविकिशन पत्रकारन से बतियावत खेद जतवलन कि भोजपुरी के बिहार आ यूपी सरकार से उचित आ पूरा सहयोग नइखे मिलत. बतावे जोग बाति बा कि प्रयाग ग्रुप द्वारा कोलकाता में बनत कंपनी के फिल्म सिटी खातिर रवि किशन के आपन ब्रांड अम्बेसडर बनवले बा. रवि किशन आगे बतवलन कि भोजपुरी के संविधान का आठवीं अनुसूची में शामिल करावे खातिर सोनिया आ राहुल गांधी से बात भइल बा आ उम्मीद बा कि जल्दिये एह दिशा में कवनो बढ़िया खबर सुने के मिली.

रवि किशन कहलन कि भोजपुरी के विकास खातिर बिहार में भोजपुरी फिल्म इंड्रस्टी लगावे के प्रस्तावो सरकार के दिहल जा चुकल बा. मुंबई में बिहारियन पर होत हमला क बारे में बोलत कहलन कि ई सब एगो संकीर्ण राजनीति क नमूना बा. बाकिर बिहारियन के कवनो ताकत मुंबई से बाहर ना निकाल पाई. अपना के कांग्रेसी बतावत रविकिशन साफ कइलन कि राजनीति में जाए के उनकर कवनो विचार नइखे.

रविकिशन इहो इच्छा जतवलन कि बिहार आ यूपी में भोजपुरिया अवार्ड के परिपाटी शुरू होखे के चाही. सचिन तेंदुलकर के भारत रत्‍‌न से सम्मानित करे के मांग रविकिशन कइलन.


स्रोत : उदय भगत