चैत नवरात्रि के महातम

हिंदू धरम-ग्रंथन में सालि में दू गो नवराति के बरनन मिलेला, एगो चैत के नवराति अउरी दूसरा शारदीय नवराति. एह दुनु नवराति के महिमा अपरम्पार बा. जे केहु भी श्रद्धालु प्रेम, भक्ति क संगे माई दुर्गा के नवो रूपन के पूजा-पाठ करेला ओकर सब दुख दूर हो जाला. ओकर जीवन सुख, समृद्धि, शांति से भर जाला. माई त ममता अउरी प्रेम के भंडार हई. ऊ भला अपना संतान के दुख कइसे देखि सकेली? हँ, जरूरी बा त सिर्फ अतने कि माई के दिल से इयाद कइल जाव. हमेशा नेक काम कइल जाव.

चैत नवराते से नवका सालि के शुरुआतो मानल जाला. माई दुर्गा त आदि शक्ति जगत जननी जगदंबा हई. उनके आराधना त त्रिदेवो लोग करेला. माई के लीला त अपरम्पार बड़ही बा साथे-साथे नवरातो के. आ चैत नवराति के महत्ता माई दुर्गा खुदे प्रतिपादित कइले बाड़ी.

चैत्रे ये मानवालोके नवरात्रे समागते, पूज्यन्ति च मां भक्त्या संस्त्रुवन्ति नहर्षय. ते भवन्ति ध्रुणं सधो नराः पूर्णमनोरथा, तेषां गेहे त्वहं लक्ष्मीर्भूत्वा नित्यं वसामि च.

एह श्लोक में जगत जननी माई जगदंबा चैत नवराति के महत्ता बतलावत महर्षि लोगन से कहतारी- हे महर्षि लोग! चैत की नवराति में जे श्रद्धालु भक्ति-भाव से हमार पूजा करेला ओकर सगरी मनोकामना जरूर पूरा होला अउरी एतने नाहीं ओकरी घर में सदा लक्ष्मी के वास होला.

कहले के मतलब ई बा की माई के पूजा करेवाला मनई के जीवन सुख-समृद्धि अउरी शांति से भरल होला. कवनो तरह के दुख ओके छू ना सके. अगर केहू भी प्रेम-भाव से नवराति में माई के पूजा करी, बिनती करी त दयालु माँ अपना भक्तन के पुकार जरूर सुनिहें अउरी ओकर जीवन मंगलमय हो जाई.

माई दुर्गा के महत्ता के बखान भगवान रामो हनुमान से कइले बाने. भगवान राम कहताने- वीर दुर्गा महाशक्ति सर्वकार्यक्षमाद्रव्यया तस्या अशेन सृज्यन्ते ब्रह्म-विष्णु-महेश्वराः। आराधनं जगन्कमातुः कृत्वा पूर्ण मनोरथः अहं पुराभव वत्स नाम सर्वत्र विश्रतम्।

एह श्लोक में भगवान राम हनुमानजी से कहताने कि, हे वीर हनुमान, माई दुर्गा त महाशक्ति हई. ऊ सब काम कइले में समर्थ बाड़ी. उनकर कबो विनाश ना होला. अउरी त अउरी त्रिदेव भगवान ब्रह्मा, विष्णू अउरी महेशो उनहीं के अंश से पैदा होला लोग. हे हनुमान! माई दुर्गा के आराधना कइले का कारने हमार सब मनोरथ पूरा भइल अउरी हमार नाव सारा संसार में प्रसिद्ध भइल.

जे माई के एतना महिमा बा. आईं, ओह माई के आराधना चैत की नवराति में प्रेम-भाव का साथे कइल जाव जेहसे अपना जीवन-घर-परिवार का साथे साथ पूरा संसार में शांति होखे, सुख-समृधि होखे. काहे कि माई त तीनो तरह के ताप, दैहिक, दैविक अउरी भौतिक, के दूर करेवाला हई. ऊ साक्षात जगतजननी हई अउरी सृष्टि के करता-धरता हई.

- प्रभाकर पाण्डेय