भोजपुरी आन्दोलन के प्रणेता डॉ प्रभुनाथ सिंह के शोक सभा में भोजपुरिया शपथ लिहलन जा.
4 अप्रैल के दिल्ली का राजेन्द्र भवन में डॉ प्रभुनाथ सिंह के शोक सभा आयोजित भईल जवना में देश के जानल-मानल साहित्यकार, कवि, बुद्धिजीवि, मीडिया के लोग बड़ संख्या में उपस्थित हो के आपन शोकसंवेदना प्रकट कइले. शोक सभा के आयोजन श्री उमेश सिंह, विश्व भोजपुरी सम्मेलन के महासचिव आयोजित कइले रहलन.
ईहां उपस्थित बुद्धिजीवि लोग भोजपुरी भाषा आ समाज के प्रति डॉ प्रभुनाथ जी के योगदान आ काम के चरचा कइलन आ कहकन कि डॉक्टर साहब के क्षति पूरा भइल मुश्किल बा. सभे के विचार रहे कि डॉ प्रभुनाथ जी के भोजपुरी आन्दोलन के गति दिहल जाव. सण्डे इंडियन के कार्यकारी सम्पादक श्री ओकारेश्वर पाण्डे कहलन कि डॉक्टर साहब के सच्ची श्रद्धांजलि तबे होई, जब भोजपुरी के विश्व स्तर पर मान-सम्मान मिली अउरी संविधान के 8वीं अनुसूची में शामिल कर लिहल जाव.
सभा में लोग जइसे जइसे डॉक्टर साहब के याद करत रहे, ओहिसही ओहिसे ओह लोगन के ऑख नम होत जात रहे. श्री उमेश सिंह एह शोक सभा में आपन ऑसू ना रोक पवलन. उनकर रोम-रोम डॉक्टर साहब का इयाद में रोवत रहे. उमेश जी डॉ प्रभुनाथ सिंह के एगो कवितो सुनवलन. उमेश जी कहलन की ऊ डॉ साहब का याद में एगो स्मृति पुस्तक निकाले वाला बाड़न जवना के संपादन श्री रमाशंकर जी करीहें. और जे भी आपन लेख डॉ साहब पर लिखें, ऊ हमरा के जल्दी से भेज देव लोग.
एह अवसर पर दिल्ली भोजपुरी समाज के अध्यक्ष श्री अजीत दूबे जी कहनी कि डॉ प्रभुनाथ सिंह का निधन से जवन क्षति भइल बा ओह क्षति के पूरा कर पावल बडा मुश्किल बा. अउरी डॉक्टर साहब के योगदान के पूर्वाचलवासी हमेशा ऋणी रहीहें. दूबेजी आगे कहलन कि भोजपुरी का विकास खातिर हमनी सन के अउरी मजबुती से आन्दोलन चलावे के चाहीं अउरी 8वीं अनुसूची में भोजपुरी के शामिल करा के ही दम लेबे के बा, तबे डॉ प्रभुनाथ जी के सही में श्रंद्वाजलि कहलाई.
एह अवसर पर डॉ रामाशंकर श्रीवास्ताव, शिवाजी सिंह, रंगश्री के निर्देशक श्री महेन्द्र प्रताप सिंह, अजीत दुबे - अध्यक्ष, भोजपुरी समाज, दिल्ली, ओंकारेश्वर पाण्डेय, कार्यकारी संपादक, द संडे इंडियन, डॉ भगवान सिंह, श्री केपी सिंह, पूर्वाचल एक्सप्रेस के प्रधान संपादक कुलदीप श्रीवास्तव, वीर कुवर सिंह फांउडेशन के अघ्यक्ष निर्मल सिंह, आईएएस ट्यूटोरियल के निर्देशक श्री आर कुमार, भोजपुरिया समाज दिल्ली के महासचिव श्री एलएस प्रसाद, गीतकार मंजुल, का अलावा वरिष्ठ साहित्यकार श्री केदार नाथ सिंह, प्रो शत्रुघ्न कुमार (इग्नू), श्री दिनबंधु सिंह, दिल्ली ब्युरो प्रमुख बिहारी खबर, पूर्वाचल मोर्चा के अध्यक्ष अभय सिंहा समेत तमाम राजनीतिज्ञ, साहित्यकार, संस्कृतिज्ञ, पत्रकारक आ विभिन्न संगठनन से जुडल गणमान्य लोग मौजुद रहे.
स्रोत : कुलदीप कुमार, प्रधान संपादक, पूर्वांचल एक्सप्रेस, दिल्ली
डॉ प्रभुनाथ सिंह का शोक में
४ अप्रैल शनिचर के दिल्ली का दीनदयाल उपाध्याय मार्ग पर राजेन्द्र भवन में भोजपुरी सम्मेलन नयी दिल्ली डा॰प्रभुनाथ सिंह का शोक में साँझ तीन बजे से एगो श्रद्धांजलि सभा के आयोजन कइले बा. आयोजन के व्यवस्था महा्चिव उमेश सिंह कर रहल बाड़े जिनका से 9891294670 भा 9818746131 पर फोन कर के संपर्क कईल जा सकेला आ शोकसभा का बारे में आउरी जानकारी लिहल जा सकेला.
अबतक मिलल जानकारी मुताबिक शोकसभा में पूर्वाचल एकता मंच के अध्यक्ष श्री शिवाजी सिंह, पूर्वांकुर के प्रघान संपादक श्री रमाशंकर श्रीवास्तव, रंगश्री के निर्देशक श्री महेन्द्र प्रताप सिंह, हमार टीवी के प्रोग्रामिग हेड आ गजलकार श्री मनोज भावुक, पूर्वाचल एक्सप्रेस के प्रधान संपादक कुलदीप श्रीवास्तव, वीर कुवर सिंह फांउडेशन के अघ्यक्ष निर्मल सिंह, आईएएस ट्यूटोरियल के निर्देशक श्री आर कुमार, भोजपुरिया समाज दिल्ली के महासचिव श्री एलएस प्रसाद, गीतकार मंजुल, वरिष्ठ साहित्यकार श्री केदार नाथ सिंह, प्रो शत्रुघ्न कुमार (इग्नू) , पूर्वाचल मोर्चा के अध्यक्ष श्री अभय सिन्हा समेत तमाम राजनेता, साहित्यकार, संस्कृतिकर्मी, पत्रकार आ अन्य संगठनन से जुडल गणमान्य लोग मौजूद रही.
रउरो सभे से जे दिल्ली का नजदीक के बा से सभा में शामिल होखे डा॰ प्रभुनाथ सिहं के आत्मा के शान्ति खातिर प्रार्थना करे के निहोरा संस्था कइले बिया.