लोकसंस्कृति के संवाहक हईं मैनावती जी : प्रो. परमानन्द

कुछ दिन पहिले मिलल समाचार अपना व्यस्तता आ तकनीकि कारण से देर से दिहला खातिर क्षमायाचना के साथ प्रस्तुत बा.

Mainavati Devi being honoured

गोरखपुर में पहली मई शुक का दिने पूर्वाचल सांस्कृतिक प्रतिष्ठान श्री चित्रगुप्त मंदिर का सभागार में लोकगायिका मैनावती देवी के ६५ वां जनमदिन पर सम्मान समारोह आयोजित कइलस जवना में उनका के सम्मानितो कइल गइल.

संस्था क ओर से मैनावती देवी मैना के स्मृति चिन्ह आ अंगवस्त्र देत भारत भारती पुरस्कार से सम्मानित मुख्य अतिथि प्रो. परमानन्द श्रीवास्तव कहनी कि मैनावती जी लोकसंस्कृति के संवाहक हईं. उहाँ का आगा कहनी कि सृष्टि का शरुआते से नारी के सृजनात्मक शक्ति का चलते शक्तिरुपा कहल गइल बा आ मैनावती जी के सृजनात्मक क्षमता के भोजपुरी गीत संगीत हमेशा ऋणी रही.

,p>कार्यक्रम के अध्यक्षता डा.बी.के सिन्हा कइलें आ विशिष्ट अतिथि डा. आशीष श्रीवास्तवो कार्यक्रम के सम्बोधित कइलें. कार्यक्रम के शुरुआत भगवान चित्रगुप्त का मूर्ति पर माल्यार्पण करके कइल गइल. बाद में सचिव रंजीत कुमार श्रीवास्तव मुख्य अतिथि प्रो. परमानन्द श्रीवास्तव के स्मृति चिन्ह आ अंगवस्त्र भेंट कइलें. अरुण कुमार, ब्रह्मचारी, डा. अनिल कुमार, विकास कुमार, सौरभ कुमार, दीपक, श्रीमती दीपका, कीर्ति, किरन, अर्चना समेत संस्था के ढेरे सदस्य उपस्थित रहले.