आठवीं अनुसूची में शामिल होखी भोजपुरी

२२ मई के साँझ दिल्ली का कांस्टिट्यूशन क्लब में भोजपुरी इलाकन के सांसदन के अभिन्दन समारोह आयोजित कइल गइल जवना में सभेश्री सुबोधकान्त सहाय, महाबली मिश्रा, नीरज शेखर, रेवती रमण सिंह, जगदम्बिका पॉल, संजय निरुपम, सीवान के सांसद ओमप्रकाश यादव, आ बहराइच से सांसद कमल किशोर समेत ढेरे सांसद उपस्थित रहलन.

समारोह में भोजपुरी के पहिलका मनोरंजन चैनल महुआ, पहिलका समाचार चैनल हमार टीवी, चौदह भाषा में छपे वाली अकेली साप्ताहिक पत्रिका दि सण्डे इण्डियन के भोजपुरी संस्करण के संपादक ओंकारेश्वर पाण्डेय, भोजपुरी सुपर स्टार मनोज तिवारी मृदुल, भोजपुरी गीतकार मोतीलाल मंजुल, नई दुनिया के पत्रकार अजय पाण्डेय, आ जनसत्ता के राजनीतिक संपादक मनोज मिश्रा के पूर्वांचल गौरव के शील्ड आ अंगवस्त्रम देके सम्मानित कइल गइल.

Samman Samaroh

समारोह के आयोजन दिल्ली के भोजपुरी समाज कइले रहुवे. कार्यक्रम के शुरूआत मशहूर भोजपुरी गायक सर्वानन्द ठाकुर का स्वागत गान से भइल. उपस्थित सांसदन के अभिनन्दन का बाद अपना संबोधन में भोजपुरी समाज, दिल्ली के अध्यक्ष श्री अजीत दूबे पिछला साल के उपलब्धियन के बखान कइलन जवना में भोजपुरी चैनल महुआ टीवी आ हमार टीवी के शुरुआत, संडे इण्डियन के भोजपुरी संस्करण के शुरुआत, इग्नू का पाठ्यक्रम में भोजपुरी के शामिल कइल, दिल्ली में भोजपुरी मैथिली कवि सम्मेलन के आयोजन वगैरह के जिक्र कइलन. कहलन कि समाज का प्रयास से छठ का अवसर पर दिल्ली सरकार से छुट्टी के घोषणा भइल, भोजपुरी मैथिली अकादमी के स्थापना भइल वगैरह.

कार्यक्रम के संचालन भोजपुरी समाज, दिल्ली के वरिष्ठ उपाध्यक्ष श्री प्रभुनाथ पाण्डेय कइलन आ धन्यवाद प्रस्ताव भोजपुरी समाज, दिल्ली के महासचिव श्री एलएस प्रसाद कइलन.

संविधान क आठवीं अनुसूची में भोजपुरी भाषा शीघ्र शामिल करावे खातिर संसद में बिल ले आवे क आश्र्वासन सांसद लोग दिहल. सभ सांसद लोग आपन भाषण भोजपुरी भाषा में दिहल आ वादा कइल कि भोजपुरी भाषा क उत्थान खातिर पूरा कोशिश करी लोग.

स्रोत : दिल्ली से श्री देवकान्त पाण्डेय के भेजल समाचार.

(२४ मई २००९)