संगीत भोजपुरी पर अइली खास प्रोग्राम में पाखी हेगडे

भूमिपुत्र आजु का राजनीति पर बा. एह फिलिम के मुख्य किरदार निभावत रवि किशन एगो बिहारी नवजवान का किरदार में बाड़े जेकरा एगो मराठी लड़की से प्यार हो जात बा. ओकरा बाद फिलिम में मराठी बिहारी के विवाद सामने आ जात बा. एह फिलिम में देखावल जात बा कि कइसे अपना मतलब साधे खातिर कुछ लोग एह विवाद के हवा देत बा जबकि वास्तविकता बा कि बिहारी मराठी एक दोसरा से नेह रखले बाड़े.

Pakhi Hegde on Sangeet Bhojpuri TV Channel

फिलिम के सबले बड़ खासियत बा कि रवि किशन एगो बहुआयामी किरदार में बाड़े. कुछ सीन में में त सुपरमैन जइसन लउकिहन जबकि कुछेक में ऊ लड़की का रुप में. संगीत भोजपुरी एह सिलसिला में फिलिम के नायिका पाखी हेगडे से बतियवलस त ऊ कहली कि एह फिलिम में उ पहिलका बेर मराठी पुलिस इन्सपेक्टर का किरदार में आइल बाड़ी. अपना साक्षात्कार में पाखी बतवली कि एह किरदार खातिर का का तइयारी करे के पड़ल. कुछेक यादगार सीन के जिक्र भी एह खास प्रोग्राम में बा. देखल मत भुलायेम. कार्यक्रम के समय नीचे दिहल जा रहल बा..

रउरा सुविधा के ध्यान राखत एह कार्यक्रम के बुध २७ मई का दिने साँझ साढ़े छह बजे, बियफे २८ मई का दिने रात साढ़े आठ बजे, शुक २९ मई के सबेरे दस बजे, आ शनिचर ३० मई के उपरि बेरा दू बजे दूपहरिया में देखावल जाई ताकि रउरा अपना व्यस्त कार्यक्रमो में एकरा खातिर समय निकाल पाईं.

स्रोत : मीडिया वर्ल्डवाइड प्राइवेट लिमिटेड

(२७ मई २००९)