संगीत भोजपुरी पर विनय आनन्द, बाली, आ गुरलीन चोपड़ा के विशेष उपस्थिति

फिलिम चाचा भतीजा में विनय आर आनन्द आ बाली के सफल जोड़ी एम के जी फिल्म्स के जाड़े में बलमा प्यारा लागे में एक हालि फेर आ रहल बा लोग. ई फिलिम वइसे त रोमांटिक कामेडी हऽ बाकिर एहमें भरपूर एक्शनो शामिल बा. विनय आनन्द, मोनालिसा, बाली, आ गुरलीन चोपड़ा के अदाकारी वाली फिलिम जाड़े में बलमा प्यारा लागे मुकेश कुमार के निर्माण हऽ आ मुकेश देव का निर्देशन में बनल बा. ठाकुर शिवपूजन सिंह के एकलौता बेटा राजा विनय आनन्द ठाकुर जगदीश सिंह के बेटी गौरी मोनालिसा का प्यार में डूब जात बा. बाकिर राजा पढ़ल लिखल नइखे जबकि गौरी पढ़ल लिखल बाड़ी आ ऊ एह शादी से इन्कार कर देत बाड़ी. एहसे सबका बादो राजा ओकरे से बिआह करे पर अड़ल बा आ एह सिलसिला में एक से एक रोचक मोड़ आवत बा. सबले रोचक बात बा कि कुछेक दृश्य में राजा कृष का रुपो में लउकी.

भोजपुरी संगीत के समर्पित पहिलका टीवी चैनल संगीत भोजपुरी एह फिलिम के खास किरदारन से बात कइलसि आ विनय आनन्द, बाली, आ गुरलीन चोपड़ा एगो खास कार्यक्रम में आ रहल बाड़े. बातेचीत का दौरान विनय आनन्द फिलिम के शूटिंग के एगो वाकया सुनवलन कि कइसे जब ऊ मोनालिसा के एगो पेड़ का ओट में चुम्मा लेत रहलें त गाँव वाला धर लिहलन स. बाकिर उनकर पिटाई शुरु होखीत एहसे पहिलही निर्देशक अपना कैमरा में देख लिहलन कि कुछ फालतू लोग शॉट में लउक रहल बा. ऊ तुरते कट चिल्लइलन आ अपना सहायकन के दउड़वलन तब जा के ऊ लोग बाँचल आ गाँवो वालन के मालूम भइल कि फिलिम के शूटिंग चलत रहल हा. गुरलीन चोपड़ा एगो गाना के ले के बहुते उत्साहित बाड़ी. उ गाना कजरारे कजरारे के ट्यून पर बा.

एह सब कुछ के संगीत भोजपुरी पर आ रहल खास कार्यक्रम में देखल मत भुलायेम.

कार्यक्रम समय:

तारीख दिन समय
03/06/09 बुध 12:30 दुपहर
04/06/09 बियफे 22:30 रात
05/06/09 शुक 10:30 सबेरे
06/06/09 शनिचर 15:00 दुपहरिया उपरी बेरा

स्रोत : मीडिया वर्ल्डवाइड प्राइवेट लिमिटेड

(३ जून २००९)