सिर्फ संगीत भोजपुरी पर अइलन बंटी सिंह आ रिया धमीचा

दीवाना बनइलू गोरिया एगो संगीत से भरल आ युवा उत्साह से लबरेज फिलिम बनल बा जवना में जानल पहिचानल अभिनेता बंटी सिंह आ अभिनेत्री रिया धमीचा काम कइले बा लोग. पुष्कर अनिल सिंह के निर्माण आ प्रिन्स विक्की के प्रस्तुति एह फिलिम में हिन्दू मुस्लिम एकता के सन्देश दिहल गइल बा. यूपी आ बिहार के खुबसूरत जगहन पर फिल्मावल गइल बा एकरा के आ एहमें किरण कुमार आ रजा मुराद किरदार निभवले बाड़े. फिल्म पहिले बिहार में रिलीज होखी आ फेर मुम्बई में. एह फिल्म के संगीत भोजपुरी सिनेमा के प्रतिष्ठित संगीतकार लाल सिन्हा आ लियाकत अजमेरी के दिहल बा. पुष्कर सिंह एकर गीत लिखले बाड़े आ किरदारो निभवले बाड़े.

पहिलका भोजपुरी संगीत चैनल संगीत भोजपुरी एह फिलिम के मुख्य कलाकारन, बंटी सिंह आ रिया धमीचा, से साक्षात्कार कइले बा जवना में दुनू जने फिल्म से जुड़ल बातन के चरचा कइले बाड़न जा. खास कर के रिया बतवली कि अलका याज्ञनिक के गावल एगो गाना कतना सुन्दर तरीका से उनका पर फिल्मावल गइल बा. पन्द्रह मिनट के ई शो शनिचर आ सोमार के देखावल गइल.

संगीत भोजपुरी पर भोजपुरी गीत संगीत का साथे साथ बीच बीच में कुछ फिल्मी बातचीत के कार्यक्रम अक्सरहां होत रहेला. रउरा सभे के चाहीं कि एह चैनल के अपना पसंदीदा चैनलन में जोड़ लीं.


स्रोत : मीडिया वर्ल्डवाइड प्राइवेट लिमिटेड

(२० जून २००९)