सुर संग्राम में छिड़ल जजन का बीच संग्राम

भोजपुरी के पहिला टीवी चैनल महुआ पर आजुकाल्ह सुर संग्राम रियलिटी शो के प्रसारन हो रहल बा आ एहमें अब साँचहू के संग्राम शुरु हो गइल बा. बतावल त ई जात रहे कि एहमें यूपी आ बिहार का प्रतिभागियन का बीचे सुर के संग्राम होखी बाकिर शुरुहो गइल बा शो के जज लोगन का बीचे संग्राम. भोजपुरिया इगो एहिजो आपन कमाल देखा रहल बा. शायद ई संगति के असर हऽ काहे कि दुनू जज में से केहू भोजपुरिया ना हऽ.

Kalpana Manoj Tiwari and Malini Awasthi in Sur Sangram

सुरसंग्राम में मालिनी अवस्थी आ कल्पना जज बनल बा लोग आ मनोज तिवारी कार्यक्रम के सूत्रधार बनल बाड़न. दुनू जजन का बीचे संग्राम के जड़ में कारण बनल बा जरतवाही. कल्पना भोजपुरी के लोकप्रिय गायिका हई आ शायद एहि चलते मालिनी अवस्थी हर मौका कुमौका पर कल्पना के नीचे देखावे का कोशिश में लागल रहेली. कल्पनो कवनो बात बाँव ना जाये देस आ सेर पर सवा सेर बने में तनिको ना हिचकस. ई संग्राम पिछला कई एपिसोड से झलके लागल रहुवे बाकिर एह शुक का दिने देखावे जाये वाला एपिसोड में बात हद से बाहर चल गइल बतावल जात बा.

होखत ई बा कि कल्पना के गीतन का लोकप्रियता का चलते यूपी भा बिहार के प्रतिभागी ओही गीतन के गा देलें. ई बात मालिनी अवस्थी के ना पचे आ ऊ कह देली कि जब गाना होत रहुवे ऊ कहीं अउर भुलाइल रहली. अबकियो का एपिसोड में इहे भइल. गोरखपुर के विजयेता कल्पना के हिट गाना जीजा के छोटका भाई हऽ गा दिहली. गाना पर खुश होके कल्पना त आपन फैसला दे दिहली बाकिर मालिनी कह दिहली कि ओह घरी ऊ कहीँ अउर भुलाइल रहली. एह पर कल्पना अनसा के कह दिहली कि ई का? लईकन के भविष्य के सवाल बा आ रउरा कहीं भुलाइल रहलीं हऽ! ई कइसन मजाक बा. मालिनीओ पिनक गइली आ जवाब दे बईठली कि कल्पना तोहार मानसिकता बहुते छोट बा. जवाब देबे में कल्पनो पाछा ना रहली आ कह दिहली कि हँ, रउरा बड़का लोगन खातिर गाइलें ए रउरा बड़ गायिका हईं आ राउर मानसिकता बड़ बा. हम छोटका लोगन खातिर गाइलें एहसे हमार मानसिकता छोटका हऽ.

मालिनी अवस्थी एकरा पहिलहूं एक हालि मनोज तिवारी से अझुरा गइल रही. भइल ई रहे कि नंदनचंदन मनोज तिवारी के हिट अलबम शहर के तितली से एगो गाना गवले रहलें. फैसला देबे के आइल त मालिनी जी कह दिहली कि उनका गाना नीक ना लागल. तब मनोज तिवारी बोल दिहलन कि गाना हमार गावल हऽ शायद एहीसे रउरा नीक ना लागल. मालिनी जी के जवाब रहे कि हम भोजपुरी फिल्म इण्डस्ट्री के बदले खातिर आइल बानीं. अब बात बात में अवधी के जिक्र करे बाली मालिनी जेकरा भोजपुरी ना त ठीक से बोले आवे ना समुझे उनकरा मुँह से निकलल अइसनका बात केहू का ना पचे.

कल्पना के कहनाम बा कि पता ना काहे अइसनका लोगन के जज बना दिहल गइल जिनका भोजपुरी अइबे ना करे. जज त भरत शर्मा आ शारदा सिन्हा के बनावल चाहत रहे.

एह सारा बवाल पर मालिनी जी के कहनाम रहे कि उनका ना मालूम रहे कि ऊ गाना केकर गावल रहुवे, उनका त सिर्फ एहसे मतलब रहुवे कि गावे वाला प्रतिभागी कइसे ओकरा के पेश कइलसि. अगर हमरो गावल गाना केहू गलत ढंग से गाई त हम ओकरा के घटिये कहम.

खैर बात बहुत बिगड़ ना पावल आ सुत्रधार बनल मनोज तिवारी अपना कौशल से मामिला सम्हार लिहलन. अब त एहू शुक आ शनिचर के राते साढ़ आठ बजे से प्रसारित होखे वाला एह सीरियल के देखही के पड़ी.


स्रोत : प्रशान्त निशान्त आ रंजन सिन्हा से अलगा अलगा मिलल सामग्री का आधार पर.