इण्डियन आयडल फेम दीपाली छोटका परदा पर नायिका बनली

Logo of Mahuaa TV Channel

इण्डियन आयडल सीजन २ में अपना आवाज आ मोहक अदा से दर्शकन आ जजन के दिल जीट लेबे वाली पटनहिया गायिका दीपाली अब टीवी पर नायिका का रुप में सामने आ रहल बाड़ी.

दीपाली भोजपुरी के लोकप्रिय टीवी चैनल महुआ पर प्रसारित होखे जा रहल सीरियल बड़की मलकाईन में टाइटल रोल कर रहल बाड़ी. रियलिटी शो के जनक कहल जाये वाला गजेन्द्र सिंह के बनावल एह डेली फेमिली सोप में दीपाली पहिलका बेर अभिनय करे जा रहल बाड़ी.

सीरियल में दीपाली के किरदार गाँव मे पढ़ल लिखल शान्त सुभाव के लड़की हई जवन एगो बड़ घर के पतोह बन जात बाड़ी. सीरियल में देखावल गइल बा कि कइसे ऊ लड़की समाज के कुरीतियन से लड़त टकरात अपना पूरा परिवार के चलावत बिया.

A scene from Badki Malkayan

मुंबई में बीएमएम का पढ़ाई में लागल दीपाली से जब पुछल गइल कि का कबो ऊ एक्टिंग करे के सोचलहु रहली त कहली कि अइसनका कवनो विचार ना रहे. बाकिर इण्डियन आयडल का सेट पर सभे कहे कि अगर तू अभिनय का क्षेत्र में जइबू त सफल रहबू. एही बीचे एक दिन गज जी के फोन आइल आ ऊहाँ के हमरा के अपना सीरियल बड़की मलकाईन के नायिका बने के रोल दे दिहनी. पहिले त चउँकनी बाकिर फेर लागल कि ना शुरुआत बढ़िया रही.

बकौल दीपाली बड़की मलिकाईन के किरदार बहुते बोल्ड बा आ आजु का दौर का टीवी सीरियलन से बहुते हट के बा. लोग के ई सीरियल वास्तविक लागी आ भोजपुरिया माटी के गमक आ संस्कारन से रुबरु होखे के मौका मिली. हर हफ्ता सोमार से बियफे ले रात के नौ बजे से एह सीरियल के प्रसारण महुआ चैनल पर होखल करी. बतवली कि पूरा शूटिंग बनारस में भइल बा.

चलीं देखल जाव कि गायिका दीपाली अभिनय का मैदान में कइसन करत बाड़ी.


स्रोत प्रशान्त निशान्त, जनसम्पर्क सलाहकार, महुआ टीवी चैनल. फोन 09934208664 / 09967996624