महुआ टीवी के पहिलका साल

भोजपुरी के पहिलका टीवी चैनल महुआ टीवी अबही हालही में आपन एक साल पूरा कइलस हऽ. चैनलन का भीड़ में महूआ एह छोटहने अवधि में आपन एगो खास मुकाम बना लिहले बा जवना खातिर ओकरा संचालक बधाई के हकदार बन गइल बाड़े.

P.K.Tiwari, CMD of Mahuaa TV

महुआ टीवी चलावे वाली कंपनी के अध्यक्ष सह प्रबंध निदेशक श्री पी के तिवारी से महुआ के पहिलका साल के उपलब्धि आ अनुभव का बारे में बात कइल गइल त उहाँ का आपन राय कुछ एह तरह से दिहनी...

भोजपुरी हिन्दुस्तान के दूसरकी बड़ भाषा हियऽ. भोजपुरी बोले वाला हिन्दुस्तान का कोने कोने ना दुनिया के कोना कोना ले पसरल बाड़े बाकि भोजपुरी के कवनो चैनल ना रहुवे. एही चलते हमनी का महुआ चैनल के शुरुआत कइनी जा. भोजपुरीयन के बड़हन संख्या का बावजूद भोजपुरी के छवि खराब बना दिहल गइल रहे आ एगो भोजपुरिया होखला का नाते हम जरुरी समुझनी कि एह छवि के बदलल जाव. अपना भाषा आ अपना लोगन खातिर कुछ करे का दिशाई शुरु कइल चैनल आजु अपना मकसद के पूरा कर रहल बा.

महुआ चैनल अपना अस्तित्व के पहिलके बरिस में आपन खास जगहा बना लिहले बा आ दोसरा चैनल से बड़ी संख्या में दर्शक महुआ का तरफ आइल बाड़न. एकर सफलता के अन्दाजा एही से लगावल जा सकेला कि महुआ देखावे वाली केबल कंपनियन का तरफ से सेट टॉप बाक्स के बड़हन मांग आ रहल बा, राजस्थान के जैसलमेर आ गंगा नगर से ले के अरुणांचल प्रदेश तक से.

कुछ लोग कहत बा कि सुरसंग्राम जइसन कार्यक्रम देखा के महुआ यूपी आ बिहार का दर्शकन का बीच संग्राम छेड़वा दिहले बिया. हम एह बात के नइखी मानत. एके परिवार के अगर दू जने कवनो प्रतियोगिता में हिस्सा लेबेला त परिवार के कुछ सदस्य एक के आ कुछ दोसरा के उत्साह बढ़ावेले त ई त ना कहल जा सके कि परिवार में बँटवारा के हालात बन गइल बा. सुर संग्राम जइसन कार्यक्रम प्रतिभा के संग्राम बा. एह कार्यक्रम के चारो दिशाई प्रशंसा मिल रहल बा. हर केहू कहत बा कि एह से भोजपुरी संगीत चट्टी चौराहा से हट के हर परिवार का ड्राइंग रूम ले चहुँप गइल बा आ भोजपुरी संगीत के सम्मानजनक रुप से सभे परिचित हो रहल बा.

महूआ टीवी हर उमिर के दर्शकन के धेयान में राख के हर तरह के कार्यक्रम पेश करत बा चाहे ऊ रियलिटी शो होखे भा डेली सोप. भोजपुरी मे यूपी बिहार के खबरो देबे के काम महुआ शुरु कइले बा जेहसे कि दूर देस में रह रहल भोजपुरिया अपना माटी से जुड़ाव महसूस करत रहस. सुर संग्राम, भउजी नं वन, बाहुबली आ खानदान जइसन सीरियल लोग के भोजपुरी टीवी से सटा दिहले बाड़ी सन. आ हमरा खुशी बा कि हमार सोचल सफल साबित हो रहल बा. आ जल्दिये हमनी का कुछ आउरी कार्यक्रम ले के आ रहल बानी जा.


पूरा बातचीत पढ़े खातिर अंग्रेजी में प्रकाशित हो रहल भोजपुरी अँजोरिया पर जाईं.