रियलिटी शो में शामिल होके खातिर बेच दिहलस आपन हारमोनियम

Manoj and Aman

किशोर कुमार के जन्मस्थली खण्डवा के एगो बाल कलाकार के जब नाइन एक्स पर देखावल जा रहल रियलिटी शो चक दे बच्चे में शामिल होखे के मौका मिलल त ओकरा परिवार का लगे अतना पइसा ना रहुवे कि ऊ मुंबई जा सके. मजबूरन ओहि हारमोनियम के बेच देबे पड़ल जवना पर ऊ बाल कलाकार रियाज करत रहुवे. चक दे बच्चे के एंकर रहलन मनोज तिवारी जे अपना मृदुल स्वभाव खातिर जानल जालें. उनुका जब एह बात के पता चलल कि त ऊ ओह बाल कलाकार अमान का सम्मान में इन्दौर में एगो म्यूजिकल शो रखलन आ खुद अपना पइसा से उहे हारमोनियम वापिस खरीद के अमान के दिलवा दिहलन.

चक दे बच्चे सीरियल अब पूरा हो चुकल बा बाकि अपना काम के परिणति तक ले जाये वाला मनोज तिवारी के लागल कि उनकर एंकर वाला काम पूरा नइखे भइल. देबे खातिर त ऊ नया हारमोनियम खरीद के दे सकत रहलें बाकिर कलाकार के मन जानत रहे कि अमान के अपना पुरनका हारमोनियम से कतना भावनात्मक जुड़ाव बा, एहसे ऊ ओहि हारमोनियम के बापिस दिअवलन.

Gift for Aman

अमान के स्कूल के प्राचार्य का निहोरा पर मनोज तिवारी स्कूलो गइलन आ ओहिजा स्कूल के हजारन लड़िका उनकर भावपूर्ण स्वागत कइलन स. अतने ना, मनोज तिवारी के इहो याद रहे कि ऊ लड़िका कहले रहुवे कि ओकरा मन में बा कि अपना माई बाबूजी के कार पर घुमावे. से ओह लड़िका के उहो अरमान मनोज तिवारी पूरा करा दिहलन. स्वंयसेवी संस्थानन का मदद से ऊ ओह लड़िका के एगो नया चमचमात सेन्ट्रो कारो उपहार में दिलवा दिहलन.

मनोज तिवारी के एह मृदुलता के सम्मान इन्दौर के नागरिको कइलन आ ओहिजा के पांच सितारा होटल सायाजी इंटरनेशनल उनका के आपन खास मेहमान बना के रखलस आ एको पइसा ना लिहलस. उज्जैनो में एगो कार्यक्रम मनोज तिवारी का सम्मान में आयोजित कइल गइल.


स्रोत : शशिकान्त सिंह, मुंबई. फोन: 9322411335, 9833295806