भोजपुरी साहित्य अउरी संस्कृति के समृद्ध बनावे खातिर

'भोजपुरी साहित्य अउरी संस्कृति के समृद्ध बनावे खातिर कई तरफ से प्रयास हो रहल बा. अपना माटी अउरी समाज खातिर कुछ करे के प्रयास में एगो छोटहन प्रयास के शुरुआत बनारसो का लोग का तरफ से होखे जा रहल बा जेकर मुख्य उद्देश्य रही कि कइसे भोजपुरी समाज के साक्षर बनावल जाव आ कइसे साक्षर लोग के समुह बना के लोगन के बीच में अपना संस्कृति अउर आधुनिकता के बीच तालमेल बइठावल जाव. जेकरा के कइला बिना बाकी दुनिया में भोजपुरिया लोगन के मान मर्यादा के बनावल राखल संभव ना हो सकी.

एही उद्देश्य के लेके बनारस में एगो काव्यगोष्ठी अउरी पत्रकार सम्मेलन के आयोजन कइल जा रहल बा. ई प्रयास कतना सफल होखी एकर निर्यण रउआ लोगिन के हाथ में बा. बनारस में आयोजन स्थल के जानकारी खातिर केहु भी अभयकृष्ण त्रिपाठी के फोन कर के जानकारी ले सकेला. २२ अक्टूबर से लेके २५ अक्टूबर के दिन में ३ बजे तक. काहे से कि आयोजन के समय शाम ४ से ६ बजे तक रही. बनारस में अभय कृष्ण त्रिपाठी के उपलब्धता १६ तारीख से बरकरार हो जाई.

अभय कृष्ण त्रिपाठी
मुख्य संपादक ' भोजपुरीसंसद.काम
मोः 09450958889 (Varanasi No)
घरः05426457319 (Res Varanasi)
मोः 09595243921 (Puna)
mail id akt2929@gmail.com