बीएचयू भोजपुरी अध्ययन केंद्र का
परामर्श मंडल में भोजपुरी पत्रिका के संपादको

Onkareshwar Pandey

भोजपुरी भाषा के विकास आ ओकरा अध्ययन के बढ़ावा देबे खातिर अब काशी हिंदू विश्वविद्यालय आगा बढ़ल बा. विश्वविद्यालय क ओर से भोजपुरी अध्ययन केंद्र स्थापित कइल गइल बा. केंद्र के सफल संचालन खातिर विश्वविद्यालय के कुलपति प्रो. धीरेंद्र पाल सिंह का अध्यक्षता में एगो परामर्श मंडल गठित भइल बा जवना में भोजपुरी विकास के क्षेत्र में उल्लेखनीय योगदान करे वाला लोगन के शामिल कइल गइल बा.

एह परामर्श मंडल में विश्वविद्यालय के रेक्टर, प्रो. बीडी सिंह, वरिष्ठ कवि प्रो. केदारनाथ सिंह, प्रसिद्ध आलोचक प्रो. मैनेजर पांडेय, भोजपुरी के लेखिका (मारीशस) डा. सरिता बुधू, विश्व भोजपुरी सम्मेलन के अंतरराष्ट्रीय अध्यक्ष सतीश त्रिपाठी, विश्व भोजपुरी सम्मेलन के अंतरराष्ट्रीय महासचिव अरूणेश नीरन, द संडे इंडियन (भोजपुरी) के संपादक ओंकारेश्वर पांडेय, लेखक, पांडेय कपिल, जेपी विश्वविद्यालय के प्रो. वीरेंद्र नारायण यादव, लेखक तैयब हुसैन पीड़ित, जीबी पंत सामाजिक विज्ञान संस्थान, इलाहाबाद के बद्री नारायण, प्रो. चौथीराम यादव, प्रो. आरपी सिंह, प्रो, शिवराज सिंह, प्रो. कमलशील, प्रो. राधेश्याम दूबे, प्रो. अवधेश प्रधान, प्रो. बलिराज पांडेय, प्रो. आरके मंडल, प्रो. अनिल त्रिपाठी, आ डा. कृष्ण मोहन सदस्य बावे लोग. आमंत्रित सदस्य का रूप में विश्वविद्यालय के छात्र अधिष्ठाता, मुख्य आरक्षीअधिकारी अउर विश्वविद्यालय के प्रेस, पब्लिकेशन एवं पब्लिसिटी सेल के अध्यक्ष के राखल गइल बा.

भोजपुरी अध्ययन केंद्र के समन्वयक प्रो. सदानंद शाही के सदस्य सचिव का पद पर मनोनीत कइल गइल बा.