मारीशस आप्रवासी दिवस पर

विदेश राज्यमंत्री शशि थरुर आ मनोज तिवारी मारीशस जाये वाला प्रतिनिधिमण्डल में

Manoj Tiwari

मारीशस का प्रधानमंत्री नवीन रामगुलाम का विशेष आमन्त्रण पर आप्रवासी दिवस का मौका पर भारत से १४ सदस्य के एगो प्रतिनिधि मण्डल मारीशस गइल बा. एह टीम में भारत के विदेश राज्यमंत्री शशि थरुर आ भोजपुरी सिनेमा के महानायक मनोज तिवारी शामिल बाड़े. २ नवम्बर के आप्रवासी दिवस समारोह मनावल जा रहल बा जवना दिने आजु से १७५ साल पहिले पहिलका भोजपुरिया गिरमिटहा मजदूर मारीशस का धरती पर डेग धइले रहे.

एह मौका पर भोजपुरिया समाज के लोग बड़ संख्या में दिल्ली हवाई अड्डा पर विदाई देबे खातिर मौजूद रहलन. पत्रकारन से बतियावत मनोज तिवारी कहलन कि ऊ मारीशस का लोग के भारत का ओर से शुभकामना देबे जा रहल बाड़न आ साथही ऊ ओहिजा भोजपुरी सिनेमा के बाजारो तलाश करीहन आ एह दिशाईं मारीशस के राष्ट्रपति आ प्रधानमंत्री से चर्चा करीहन.

मारीशस के सरकारी मेहमान का तौर पर पहिला बेर कवनो भोजपुरी अभिनेता मारीशस गइल बा. मनोज तिवारी अपना तीन दिन के प्रवास में ओहिजा भोजपुरी समाज के लोगन से बातचीत करीहन, भोजपुरी फिल्मन के शूटिंग खातिर सहूलियत के बात उठइहन आ महुआ चैनल के विस्तारीकरण पर चर्चा करीहन. आप्रवासी दिवस का अवसर पर आयोजित विशेष सांस्कृतिक समारोह में मनोज तिवारी राष्ट्रपति आ प्रधानमंत्री के खास मेहमान रहीहन.


स्रोत : मुंबई से शशिकान्त सिंह