रविकिशन मंगलन पूर्वांचल राज्य

भोजपुरी फिल्मन के सुपरस्टार रविकिशन कहले बाड़न कि पूर्वाचल राज्य गठन में अब तनिको देर ना होखे के चाहीं. तेलंगाना राज्य के मांग पर केंद्र सरकार के फैसले के स्वागत करत रविकिशन कहलन कि ई फैसला देशहित में बा आ जवना दिने पूर्वाचल राज्य के मांग पूरा हो जाई ओहि दिने राष्ट्र के एह बहुते पिछड़ल इलाका के बढ़न्तियो के राह खुल जाई.

Ravi Kishan in Mar Deb Goli Kehu Naa Boli

मुंबई से हवाई जहाज से बाबतपुर हवाई अड्डा पहुंचल रविकिशन कहलन कि पूर्वाचल के करोड़ों आबादी एहि चलते पिछड़ल रह गइल बा कि ऊ एगो बड़हन राज्य के हिस्सा हऽ आ ओकरा तरफ विकास के बयार चहुँपत चहुँपत मन्द हो जाले. कांग्रेस के स्टार प्रचारक आ जौनपुर क माटी से जुड़ल रविकिशन भदोही में मार देब गोली, केहू ना बोली फिलिम का शूटिंग खातिर एहिजा आइल बाड़न.

एनडीटीवी इमेजिन पर आजुकाल्ह चल रहल रियलिटी शो राज पिछले जनम का का लोकप्रियता से बहुते उत्साहित रविकिशन क कहनाम बा कि छोटहन राज्यन में विकास के रफ्तार बड़हन राज्यन से तेज होला. आ ई बात अपना देश में सिद्ध हो चुकल बा. एहसे केंद्र सरकार के पूर्वाचल का मुद्दा पर अउरी विलंब ना करे के चाहीं. मार देब गोली, केहू ना बोली फिलिम में रविकिशन एनकाउंटर स्पेशलिस्ट पुलिस अफसर का भूमिका में बाड़े जवन तमंचा का बल पर बिहार में लहलहात अपराध के फसल खतम करे के लक्ष्य ले के निकलल बा.


स्रोत : उदय भगत