अब क्रिकेट खेले उतरी भोजपुरिया इलेवन

Manoj Tiwari भोजपुरी के हर जगहा खास बनावे में लागल भौजपुरी मेगा स्टार मनो तिवारी क्रिकेटर से गायक बनलें, गायक से अभिनेता, फेर राजनीतिओ में जगहा बनवले आ अब बनावे जा रहल बाड़े आईपीएल में खेले खातिर भोजपुरिया इलेवन.

दुनिया के सबसे लोकप्रिय क्रिकेट लीग इण्डियन प्रीमियर लीग में भोजपुरी इलाका के खिलाड़ियन से सजल ई टीम चेन्नई सुपर किंग्स, दिल्ली डेयर डेविल्स, आ पंजाब इलेवन जइसन सितारा जड़ल टीमन खातिर आये वाला दिन में चुनौती बनके उभर सकेले. बॉलीवुड स्टार शाहरुख खान, शिल्पा शेट्टी, आ प्रीति जिंटा का नक्शे कदम पर चलत मनोजो तिवारी आईपीएल में आपन टीम उतारे खातिर बेचैन बाड़े. एह प्रोजेक्ट के कल्पने से उत्साहित मनोज तिवारी जल्दिये आईपीएल कमिश्नर ललित मोदी से मिलिहें आ मुलाकात का बाद आगा के रणनीति बनइहें. कहलन कि तय मानीं कि कोलकाता, हैदराबाद, चेन्नई, आ दिल्ली का तरह भोजपुरियो इलाका के टीम जल्दिये रउरा खेलत देखे के मिली. हर टीम में चार गो विदेशी खिलाड़ी होखल जरुरी बा त एहमें चारो भारतीय मूल के खिलाड़ी होखिहें जिनकर बपसी विदेश में जा के बस गइल बाड़े.

मनोज तिवारी अपना टीम के ब्राण्ड अम्बेसडर महेन्द्र सिंह धोनी के बनावल चाहत बाड़े आ उनकर दिली ख्वाहिश बा कि अमिताभो बच्चन एह टीम से जुड़स. कहलन कि टीम खातिर पूंजी जुटावे में कवनो दिक्कत ना होखी काहे कि भोजपुरियन का लगे पइसा के कमी नइखे. इहो कहलन कि अब से हर फिल्म का पारिश्रमिक में से दू लाख रुपिया खेल आ खिलाड़ीयन पर खरचा करीहें. एकर उपयोग क्रिकेट का साथेसाथ हॉकी, फुटबाल आ एथेलेटिक्सो खातिर करीहें.


स्रोत : शशिकान्त सिंह, रंजन सिन्हा