हिन्दी रियलिटी शो के टक्कर दे रहल बा डांस संग्राम

Logo of Mahua TV भोजपुरी के पहिला मनोरंजन चैनल महुआ पर देखावल जा रहल डांस के रियलिटी शो डांस संग्राम भोजपुरिया इलाकन में त अपना सफलता के डंका बजाइये रहल बा, अब ओकर सफलता के असर हिन्दी के बड़हन बड़हन रियलिटी शो पर पड़े लागल बा. अब रउरा पुछेम कि अतना काहे फेंकत बाड़ ? कहाँ दोसर रियलिटी शो आ कहवाँ ई भोजपुरी के शो. त बता दिहल चाहम कि भाषा आ अन्दाज में भोजपुरिया होखला का बादो डांस संग्राम सबका पर भारी पड़ रहल बा.

Judges of Dance Sangram सलमान खान के स्टार स्टेटस से सजल डांस इण्डिया डांस के टी आर पी चार का नीचे, आ शाहरुख खान का इंट्री से सजल म्युजिक का महामुकाबला टीआरपी सार्ट पर साढ़े तीन अंक का भीतर चल रहल बा. एह दुनु का मुकाबिले महुआ टीवी के डांस संग्राम तीन अंक ले आइल बा. हिन्दी का तुलना में एगो सीमित बजट में तईयार एह शो के सफलता बाकी शो वालन का मुँह पर फेफरी डाल दिहले बा. दर्शक लोग एह शो के प्रतिभागियन से प्रभावित हो रहल बाड़े ई बात भोजपुरी खातिर बढ़िया लक्षण बा.


स्रोत : प्रशान्त निशान्त