छात्र राजनीति पर इम्तिहान

Logo of Mahua TV भोजपुरिया दर्शकन के पसंदीदा चैनल महुआ अब एगो नया धारावाहिक ले के आ रहल बा जवना के नाम दिहल बा इम्तिहान. एह धारावाहिक के सोमार से ले के बियफे ले रात में दस बजे से प्रसारित कइल जाई. युवा आ छात्र राजनीति पर केन्द्रित ई धारावाहिक कॉलेजन के राजनीति के सगरी पहलू चित्रित करे का साथ साथ मनोरंजनो परोस रहल बा.

Imtihaan serial on Mahuaa TV हालिया राजनैतिक परिवेश के उजागर करत एह धारावाहिक इम्तिहान के निर्माण निआन फिल्म्स का बैनर में अशोक शरण कइले बाड़न. पटना के बीएन कॉलेज के कहानी के आधार बना के बनल इम्तिहान में भोजपुरी सिनेमा के मशहूर अदाकारा रिंकू घोष आ मशहूर चरित्र अभिनेता दीपराज राणा लीड रोल में बा लोग. दोसर खास किरदारन में मुस्ताक खान, सुधीर डाल्वी, उषा सिंह, सुधांशु शरण, राजीव कुमार, पंकज कुमार, रीमा शर्मा, आ धीरज पंडित के नाम लिहल जा सकेला. शो के निर्देशक हउवें अंजनी कुमार सिंह जे बाहुबली जइसन सफल धारावाहिक निर्देशित कर चुकल बाड़न. रंगमंच के कलाकारन के ले के बनावल गइल एऋ धारावाहिक के शूटिंग मुंबई का अलावे पटनो में करावल कइल बा.


स्रोत : प्रशान्त निशान्त