अबकी डांस संग्राम में चली बड़की माई के पसन्द
भोजपुरिया दर्शकन का दिलोदिमाग में बस चुकल महुआ टीवी का लोकप्रिय रियलिटी शो डांस संग्राम में अबकी बेर बड़की माई के चले वाला बा. बड़की माई मतलब मशहूर कोरियोग्राफर सरोज खान. अबकी शनिचर का रात आठ बजे सगरी प्रतिभागियन के बड़की माई के दिहल गाना पर अपना नृत्यकौशल के प्रदर्शन करे के पड़ी. बाकी बाँचल आठ गो प्रतिभागियन के ओह लोग का नृत्य शैली से अलगा नृत्य पर परफार्म करे के पड़ी.
जइसे कि आनन्द इशान के जहाँ कंटेम्पररी स्टाइल के डांस करे के पड़ी, ओहिजे गौरी क्षेत्री के क्लासिकल गाना पर. पटना के अँजलि मिश्रा के वेस्टर्न गाना पर आपन नाच देखावे के पड़ी त राँची के दीपू सिंह के फिल्मी गाना पर. अभिषेक के भोजपुरिया स्ताइल में ठुमका लगावे के पड़ी त आत्मजीत सिंह के फ्री स्टाइल पर. पटना के प्रदीप मिश्रा के बड़की माई भोजपुरिया हिप हॉप करे के कहीहें. एह सब प्रतिभागियन में से एगो आत्मेजीत होखीहन जिनका प्रदर्शन से बड़की माई खुश होखिहन ना त बाकी लोग से उनकर निराशा झलकी़
स्रोत : प्रशान्त निशान्त